वीरगंज मे जरुरी सामान के दोकान ११ से ३ बजे तक खुली

वीरगंज ०५ बैशाख,
वीरगंज मे शनिचर से जरुरी सामान बिक्री करेवाला दोकान सबेरे ११ से दिनके ३ बजे तक खुलेवाला बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय खाद्य, किराना, पानी, ग्यास के दोकान सबेरे ११ से ३ बजे तक खोलेक निर्णय कईले बा ।
खुला जगहा मे तरकारी तथा फलफूल बिक्री वितरण करे ना देवेके माकिर होम डेलिभरी करे देवेके निर्णय भईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
तीन दिन पहिले प्रशासन हि सबेरे से ७ बजे तक मात्र जरुरी सामान के दोकान खोले सकेके निर्णय कईले रहे । माकिर दोकान मे भिड देखल गईला के बाद प्रशासन दिनके समय मे बिक्री करेके व्यवस्था कईले बा ।
पातर गल्ली, चोकसब मे बिक्री वितरण करे ना देवेके, जरुरी सामान खरिद बिक्री करेवाला जगहा मे भिडभाड होखे ना देवेके तथा व्यवसायी उपभोक्तासब बीच कम्ती मे ३ फिट के दुरी कायम करेके निर्णय भी प्रशासन कार्यालय जनवले बा ।
एहितरे व्यवसायी आ ग्राहक सभी के अनिवार्य रुप मे मास्क पहिनेके, जरुरी सामान के खरिद करे गईला पर सवारी साधन के प्रयोग करे ना मिलेके प्रशासनद्वारा जारी सूचना मे उल्लेख बा ।
एहितरे खाद्य, किराना, आउर जरुरी सामान तथा कृषि उत्पादन, मल, बीया आदि के ढुवानी सँझिया ७ बजे के बाद करेके व्यवस्था मिलावे के भी प्रशासन कार्यालय बतवले बा ।






