जिपि कोईराला फाउन्डेसन महानगर के सभी वार्ड मे सेनिटाईजर छिट रहल

वीरगंज ०५ बैशाख
कोभिड १९ अर्थात कोरोना भाईरस से विश्व हि आक्रान्त हो चुकल बा । ई महामारी से विश्व मे लाखो प्रभावित भईला के साथे लाखो आदमी के मृत्यु भईल बा ।
ई भाईरस से बँचे खातिर नेपाल सरकार लकडाउन के आह्वान कईले बा । ई समय मे कोरोना भाईरस से जनता मे डर फईल रहल समय जी.पी.कोईराला फाउण्डेशन पर्सा वीरगंज महानगरपालिका के ३२ गो वार्डसब मे सोडियम हाईपोक्लोराईट नामक सर्फेस सेनिटाईजर छिटेके काम लगातार कर रहल बा ।
विश्व स्वास्थ्य संगठन अभी तक ई बेमारी के कउनो भी दवाई ना रहल तथा ई बेमारी से बँचे खातिर सरसफाई आ समाजिक दुरी कायम कईल हि एकर बढिया बिकल्प रहल बतईला के बाद जि.पि कोईराला फाउण्डेशन पर्सा वीरगंज महानगर के सेनिटाईज करेके र्निणय कईले बा ।
नेपाल मे आईल विपद के समय मे आपन जगहा से नेपाल सरकार के साथ आ सहजोग करेके बतावत फाउण्डेसन के अध्यक्ष मोहम्मद सहाबुदिन गिरिजा प्रसाद कोईराला फाउण्डेशन पर्सा आपन समाजिक उत्तरदायित्व के मनन करत वीरगंज के ३२ गो वार्डसब मे सेनेटाईज करेके बतवले बानी ।
आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १, २, ३, १० आ १६ मे शुरु सेनिटाईजेशन कईल गईल बा आ आवेवाला दिन मे वीरगंज के सभी वार्डसब मे सेनिटाईज करेके फाउण्डेशन पर्सा के सदस्य मनोज राउत कुर्मी बतवनी ।
सेनेटाईजेशन करेमे फाउण्डेशन के सदिप केवट, शेख सागिर, कृष्ण ओझा, रुस्तम मंसुरी लागल फाउण्डेशन पर्सा के सचिव धिरज कुमार गुप्ता बतवनी ।






