नारायणी अस्पताल के कोभिड–१९ स्क्रिनिङ बुथ हस्तान्तरण

वीरगंज ०६ बैशाख,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल के कोभिड–१९ स्क्रिनिङ बुथ हस्तान्तरण कईल बा । उद्योगी तथा नेपाली कांग्रेस के नेता अनिल रुंगटा के सहजोग मे सानो पाइला से बनावल बुध हस्तान्तरण कईल बा ।
बुथ बनावे मे ५५ हजार खर्च लागल सानो पाइला जनवले बा ।

कोभिड–१९ बुथ भितर रहके चिकित्सक कोरोना के शंका लागल मरेजी के जाँच करेमे मत्र ना होके स्वाव संकलन कईल जा सकता । स्वाब संकलन कईला पर चिकित्सक बुथ भितर आ मरेजी बाहर रहिहें ।

अईसे बुथ से स्वाब संकलन कईला पर चिकित्सक के संक्रमण के जोखिम कम होखी । बुथ मे एलईडी बल्ब, माइक, स्पिकर, चिकित्सक के खातिर पञ्जा लगायत के सामान के व्यवस्था कईल बा ।

बुथ के जरुरी पडल जगहा मे लेजाए के भी मिलेके बतावल गईल बा ।
स्वाब संकलन करेके समय मे चिकित्सक भी जोखिम मे देखल गईला से बुथ बनाके हस्तान्तरण कईल सानो पाइला के जय साह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।