पर्सागढी मे ८४ पोका राहत सामान लुटाईल, लुटेवाला पकडईलें

वीरगंज ०६ बैशाख,
पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ६ मे लेजा रहल राहत वार्ड नम्बर ५ के बासिन्दा लुटले बाडन । नगरपालिका से वार्ड नं ६ के खातिर पठावल ८४ पोका राहत सामन वार्ड नं ५ पचरुखी मे लुटाईल बा ।
एगो पोका मे दु किलो दाल, एक लिटर तेल, दु प्याकेट नुन, दु गो डिटोल आ दु गो कपडा फिंचेवाला साबुन करके छ सय रोपेया बराबर के समान रहल पर्सागढी नगरपालिका जनवले बा ।
वार्ड नं ५ के अध्यक्ष असलम आलम पचरुखी आ भिगना टोल के दु सय २४ जने विपन्न आदमी के राहत बाँटत रहलन । उहे समय मे राहत वितरण उपर असन्तुष्ट राजेश्वरप्रसाद यादव सहित १०÷१२ जने के समूह मे आईल आदमीसब विवाद करत रहलन ।
राहत वितरण मे विभेद भईल आरोप उलोग लगवले रहलन । उलोग राहत वितरण हो रहल नेपाल राष्ट्रिय आधारभूत विद्यालय के गेट अगाडि होहल्ला करत रहलन । उहे समय मे नगरपालिका वार्ड नं ६ के खातिर पठावल राहत के सामान लादल गाडी आइल रहे ।
पचरुखी गाँव के कुछ स्थानीय बासिन्दा लुटल इलाका प्रहरी कार्यालय एकटाङ्गा प्रहरी नायब निरीक्षक पूर्णबहादुर दाहाल जानकारी देहनी ।
नेपाली कारुंग्रेस निकट यादव राजनीतिक प्रतिशोध पूरा करे खातिर सभी के राहत वितरण करेके माग राख के विवाद कईल वार्ड अध्यक्ष आलम बतवनी ।
राहत वितरण मे खटल सुरक्षाकर्मी भिड के नियन्त्रण मे लेवे ना सकल आ आउर सुरक्षाकर्मी अईला पर उलोग समान लुट के भागल उ बतवनी ।
पर्सागढी नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत शालिकराम ढकाल ८४ पोका राहत सामान लुट के लेगईल बतवनी । ई घटना मे संलग्न पाँच जने के पुलीस पकडले बा ।
पकडाएवाला मे पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ५ के श्याम कुमार शर्मा, सम्सुल हवारी, चन्द्रकिशोर साह, चन्द्रिका पटेल आ दर्शन रायभार रहल बाडन ।
इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली आ एकटाङ्गा के पुलीस टोली उलोग के पकडले बा । पकडाईल सभी के जिल्ला प्रहरी कार्यालय, पर्सा लियावल गईल बा । नियन्त्रण मे लेहल सभी उपर कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त बतवनी ।





