जनकपुरधाम मे पईसा बिग के भागल नन्द भउजाई पकडईली

जनकपुरधाम ६ वैशाख
जनकपुरधाम मे पईसा बिग के भागेवाला दु जनानी के पुलीस पकडले बा ।
पकडाएवाला मे आमुना खातुन आ अलिना खातुन रहल बाडि । नाता मे उलोग नन्द भउजाई रहल बाडि ।
धनुषा पुलीस के प्रवक्ता एवं डीएसपी रामेश्वर कार्की पईसा बिग के भागल दुनु जनानी के जनकपुरधाम–७ स्थित निवास से नियन्त्रण मे लेहल जानकारी देहनी ।
शुक के दिने जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका–६ स्थित महावीर चोक मे १० रोपेया के करिब १५ गो नोट बिग के उलोग भागल रहली । पईसा बिग के भागला के बाद ई क्षेत्र मे डर बढल रहे ।
उलोग पईसा काहे बिग के भगली ? कहके सन्दर्भ मे अनुसन्धान होखेके बाँकी रहल कार्की बतवनी ।
कार्की से बिगल रोपेया कोरोना संक्रमण सम्बन्धी शंकास्पद भईला से परीक्षण के खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे पठावल गईल जानकारी देहनी ।
उहाँ से रिपोर्ट अईला के बाद बाँकी प्रक्रिया अगाडि बढावे के उ बतवनी ।






