विरोध प्रदर्शन भईला के बाद राहत बाँटेके काम रुकल

जनकपुरधाम ६ वैशाख
विपन्न के नाम मे सम्पन्नलोग के राहत मिलल कहत धनुषा के जनकनन्दनी गाँवपालिका मे लकडाउन के उल्लङ्घन करत शनिचर के दिने विरोध प्रदर्शन भईल बा ।
गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ३ महुवा धनी वर्ग के मात्र राहत देके वास्तविक गरिब, विपन्न के ना देहल कहत प्रदर्शन भईल बा ।
दर्जनौं के संख्या मे आईल स्थानीय वार्ड कार्यालय घेराव कईला के साथे वार्ड अध्यक्ष सहित के जनप्रतिनिधि विरुद्व कडा नाराबाजी कईले बाडन ।
वार्ड कार्यालय शनिचर के दिने राहत वितरण करे लागला पर स्थानीयलोग प्रदर्शन कईले बाडन ।
स्थानीय अनिल पासवान से राहत मिलेवाला के सूची मे गरिब से धनीलोग के नाम राख के वितरण करे लागला से खुदसब प्रदर्शन मे उतरेमे बाध्य भईल बतवनी ।
वार्ड कार्यालय दु सय परिवार के शनिचर के दिने राहत बाँटे लागल रहे । उ समय मे स्थानीय से प्रदर्शन कईला के बाद राहत बाँटेके काम स्थगित कईल वार्ड अध्यक्ष बिसुनदेव साह बतवनी ।
उनका मुताविक सभी दल मिल के सहमति के आधार मे सूची तइयार कईला पर भी विरोध भईल बतवनी ।
उ विरोध भईला के बाद राहत वितरण स्थगित कईल बतवनी । वार्ड कार्यालय प्रतिपरिवार १० किलो चाउर, एक लिटर तेल, एक किलो नुन, एक किलो आलु आ दाल एक किलो बाँटे लागल रहे ।





