धनुषा मे पत्रकार उपर आक्रमण

जनकपुरधाम ६ वैशाख

धनुषा के दु जने पत्रकार उपर आक्रमण भईल बा । धनुषा के शहीद नगरपालिका के क्वारेन्टाइन स्थल सम्बन्धी समाचार संकलन करके फिर्ता आ रहल कोइलपुर मे जनकपुर टुडे के संवाददाता मनोजकुमार मरबैता आ खोजकेन्द्र डटकम के शिवेन्द्र रोहित उपर आक्रमण भईल बा ।

आक्रमण से रोहित के मुडि फुटल बा आ मरबैता के सामान्य चोट लागल बा । रोहिता शहीद नगरपालिका के मेयर उदय बरबरिया खुद उपर आक्रमण करावल बतवले बाडन । उलोग ल्यापटप आ क्यामेरा भी छिनल बतवले बाडन ।

प्रेस मञ्च नेपाल विश्व कोरोना से लड रहल समय स्थानीय तह के कोरोना विरुद्ध के तइयारी के बारे मे समाचार संकलन करेवाला पत्रकार उपर आक्रमण भईल दुखद् भईल बतवनी ।

मञ्च के केन्द्रीय उपाध्यक्ष विन्दकिशोर साह शनिचर के दिने विज्ञप्ति जारी करत आक्रमणकारी समूह के पहिचान करके कारबाही करे खातिर प्रशासन से माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।