वीरगंज मे दोकान अगाडि भिड बढल, समाजिक दुरी कायम करावे मे पुलीस हैरान

वीरगंज ०७ बैशाख,
वीरगंज स्थित माइस्थान मन्दिर के बगल मे छेहरा खोज के बईठल पन्नालाल पटेल के हाथ मे दैनिक उपभोग्य समान के सूची रहे ।
बारा के प्रसौनी गाँवपालिका १ से आईल उ माइस्थान के किराना दोकान आरीपाछि भिड देखला के बाद एक छिन रुकनी ।
कोभिड–१९ के संक्रमण से बँचे खातिर भिडभाड से दुर रहेके पडि कहके बुझ के उ सुरक्षित होखे खातिर सडक किनार मे रहल छेहरा मे रुकल रहनी । “दवाई लेवेके रहे, अईला पर आउर समान भी लेजाई सोंचला पर भिड बा” कहत पटेल “हरदम इहाँ से समान लेजानी ओहिसे उधार भी देवेलन ।”
वीरगंज मे रहल तीन भारतीय नागरिक मे कोभिड १९ संक्रमण देखल गईला के बाद ई क्षेत्र संक्रण के जोखिम मे बा । माकिर दोकान के भिड देख के इहाँ के आदमीसब अभी भी डराईल नईखन ।
सबेरे ७ बजे तक मात्र खोलेके नियम परिवर्तन करके शनिचर से उपभोग्य सामान के दोकान खोलेके समय सबेरे ११ बजे से दिन के ३ बजे तक तोकल बा । दिन मे पाँच घण्टा खुलेवाला भईला के बाद भी दोकान मे भिड घटल नइखे । कडा घाम के परवाह ना करके सर्वसाधरण बजार मे निकलल बाडन ।
उपभोग्य सामान किनेवाला दोकान मे बहुते भिड भईला के बाद सर्वसाधारण बीच भौतिक दूरी कायम करे खातिर पुलीस हि खटल बाडन । सबसे भिड वीरगंज के माइस्थान क्षेत्र मे देखल गईल बा । स्थानीय स्तर मे खाद्यान्न सामान उपलब्ध ना भईला पर दुर दुर से भी सर्वसाधरण इहाँ आइल बाडन ।
वीरगंज–१८ भिस्वा के चन्द्रदेवप्रसाद साह टोल मे समान ना मिलला से माइस्थान हि आवेके पडल बतवनी । “मिलला पर भी कम मिलत बा, उ भी महँगा” साह कहनी । आनन्द प्रजापति भी साह के बात मे सहमति जनवनी । बजार के भिड कम करे खातिर गाँव टोल मे जरुरी समान मिलेके व्यवस्था स्थानीय सरकार से मिलावे के तर्क उनकर बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी वितरण प्रणाली बिगडला के चलते स्थानीय स्तर मे खाद्यान्न सामान ओराईल बतवनी ।
“शुरु से हि सप्लाई चेन के बिगडे ना देहल जाँव, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के मद्दत लेके खाद्य सामान टोल टोल मे पुगावे के पडि कहत आईल बा । माकिर प्रशासन हमर बात के बेवास्ता करत आईल” कहके बतवनी ।
वितरण प्रणाली टुटला के चलते अब स्थानीयस्तर मे खाद्य सामान पुगावल सजिलो ना भईल बतवनी । वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ जरुरी सामान किने गईला पर सावधानी अपनावे खातिर ग्राहक के निहोरा कईले बा ।
संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया विज्ञप्ति निकाल के ११ से ३ बजे तक दोकान खुलेवाला भईला से भिड ना करके सामान किने खातिर निहोरा कईले बानी । ग्राहक ग्राहकबीच आ ग्राहक आ ब्यापारीबीच निश्चित दूरी कायम करेके आ मास्क अनिवार्य प्रयोग करे खातिर निहोरा कइल बा ।
सवारी पास के दुरुपयोग
केडिया आँखा अस्पताल मे कार्यरत प्रकाश वर्मा आ दोसर एक युवक प्याज किनेके कहत माइस्थान निकलल रहनी । पुलीस उलोग सवार मोटरसाइकल रोकला के बाद बर्मा खुद स्वास्थ्यकर्मी भईल बतवनी ।
बहुते समय मरेजी के ईलाज मे खटेवाला भईला से समय मिला के जरुरी सामान किने अईला पर भी पुलीस दुःख देहल बर्मा के सिकाईत बा । माकिर पुलीस अधिकारीलोग स्वास्थ्यकर्मी के खाद्यान्न किने खातिर सवारी चलावे ना देवेके तर्क करत बाडन ।
अईसे छुट के दुरुपयोग करेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका के कर्मचारी, स्वास्थ्यकर्मी आ जनप्रतिनिधि भी बाडन । कैयनलोग दवाई किनेके आ मरेजी जँचावे के बाहना मे लकडाउन उल्लंघन कइल पुलीस अधिकारी के कहनाम बा ।
खाद्यान्न सामान किनला पर सवारी साधन प्रयोग ना करे खातिर निहोरा कईला पर भी अटेर कईला के बाद ४६ मोटरसाइकल आ दु गो कार नियन्त्रण मे लेहल पुलीस के कहनाम बा ।
गण्डक से विर्तास्थित एडभान्स अस्पताल पुग के आईल दावी करेवाला अनुवर आलम के मोटरसाइकल पुलीस माइस्थान मे नियन्त्रण मे लेहलख । अस्पताल पुग के मेहरारु के जाँच करा के फिर्ता भईल बतवनी उ प्रमाण देखावे ना सकनी ।
बाबा के मृत्यु भईला के चलते जरुरी सामान किने खातिर वार्ड कार्यालय के सिफारिस लेके आईल शोभाकान्त पण्डित चढल मोटरसाइकल भी पुलीस छिनलख । समस्या अवगत करईला के बाद मात्र पुलीस उनका के जाए देहलख ।
जउन काम के खातिर सवारी साधन सञ्चालन करे देहल गईल बा ओकरा से दोसर काम मे भी प्रयोग करेके प्रवृत्ति देखल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी वीरेन्द्रबहादुर शाही बतवनी । उल्था अनलाईन






