नारायणी अस्पताल जनता के अस्पताल बनावे के माग

वीरगंज ०८ बैशाख

कांग्रेस नेतालोग कोरोना भाइरस संक्रमित के ईलाज के खातिर व्यवस्था कईल अस्थायी अस्पताल सञ्चालन मे लियावे के माग कईले बाडन । उलोग नारायणी अस्पताल से नियमित सेवा सञ्चालन करेके माग भी अगाडि बढवले बाडन ।

कांग्रेस केन्द्रीय सदस्य रमेश रिजाल, अजय चौरसिया, संविधानसभा सदस्य अनिल रुङ्गटा, पूर्व मन्त्री सुरेन्द्र चौधरी, संविधानसभा सदस्य अनिल रुंगटा, प्रदेश सभा सदस्य ओमप्रकाश शर्मा, राजेश्वर साह तेली, शंकर चौधरी, पूर्व जिविस सभापति जर्नाधन सिंह क्षेत्री, लगायत नेता एक विज्ञप्ति जारी करत अईसन माग कईले बाडन ।

अनेकन १० बुँदा उल्लेख विज्ञप्ति मे अस्पताल मे ईलाज करा रहल ४ कोरोना संक्रमित के अस्थायी अस्पताल से ईलाज करेके माग कईल बा । आउर नयाँ संक्रमित मिलला मे उनकर भी अस्थायी अस्पताल से ईलाज करेके उलोग के माग बा ।

संघ सरकार नारायणी के लेभल २ के कोरोना अस्पताल घोषणा कईला के बाद अस्पताल से प्रदान होखेवाला आउर सेवा बन्द कईल बा । सरकार नारायणी के सेवा सुविधा सरकारी दररेट मे प्रदान करे खातिर नेसनल मेडिकल कलेज के निर्देशन देहले बा ।

सरकारी अस्पताल बन्द भईला पर पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही तक के मरेजी समस्या मे पडल निष्कर्ष उलोग के बा । माकिर एतवार के दिने बईठल संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक मे सहभागी नेपाली कांग्रेसका पर्सा सभापति अजय द्विवेदी अस्पताल के सन्दर्भ मे कईल सरकारी निर्णय कार्यान्वयन मे सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

एहितरे, वीरगंज मे कोरोना परीक्षण करेके मुख्यमन्त्री के घोषणा के बाद राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला से नारायणी अस्पताल मे आईल पीसीआर मेसिन सञ्चालन करे खातिर बाँकी रहल उपकरण के अविलम्ब व्यवस्था करेके उलोग माग रखले बाडन ।

राहत मे देखल गईल विभेद से झडप लगायत के घटना भईल कहत उलोग सर्वदलीय समिति मार्फत करेके सुझाव देहले बाडन ।

कटानी, पिसानी, बीउ बिजन ढुवानी लगायत काम सहज बनावे खातिर भी विज्ञप्ति मार्फत माग कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।