पर्सेली पत्रकारलोग से करावल आरडिटी परीक्षण के नतिजा निगेटिभ

वीरगंज ०९ बैशाख

पर्सा के संचारकर्मीलोग से आजु करावल आरडिटी परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा । वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे आजु पुग के एजे ग्रुप मे सहभागि ७ जने पत्रकार आपन आरडिटी परीक्षण करवले रहलन ।

परीक्षण करईला के २० मिनेट के बाद आईल रिपोर्ट मे नेभेटिभ देखईले बा । पत्रकारलोग से करावल आरडिटी परिक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल नारायणी अस्पताल मे मेडिकल सुप्रिटेन्डेन्ड डा. मदन उपाध्याय बतवनी ।

वीरगंज मे तीन जने भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमित मिलला के बाद पर्सा जिल्लावासी मे हि सन्त्रास के वातावरण मे रहत आईल बाडन ।

समाचार संकलन करे खातिर अनेकन जगहा मे आवे जाएके, तथा अनेकन आदमीसब के सम्पर्क मे रहला के चलते पहिले खुद हि विश्वस्थ होखे खातिर आरडिटी परिक्षण करावल एजे ग्रुप मे सहभागि भोजपुरी टाईम्स दैनिक के प्रकाशक अजय चौरसिया बतवनी ।

‘हमनी भी फ्रन्टलाईन मे रहके जोखिमपूर्ण काम कर रहल बानी माकिर पत्रकारलोग के सुरक्षा मे अभी तक नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा कउनो पहल भी कईले नइखे’ कहके बतवनी ।

‘हमनी खुदे सचेत होके ७ जने संचारकर्मीलोग नारायणी अस्पताल के वरिष्ठ चिकित्सक उदयराज सिंह के समन्वय मे आरडिटी परिक्षण करवले बानी जउना के रिपोर्ट निगेटिभ हि आईल बा’ कहनी ।

पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग भी फ्रन्टलाईन मे रहके कोभिड–१९ महामारी के बिच आपन जिम्मेवारी निर्वाह कर रहला से सभी सञ्चारकर्मीलोग के भी समय–समय मे कोभिड–१९ चेकजाँच के वातावरण निर्माण करे खातिर नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा एवं नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ समिति के निहोरा कइनी । साथे पर्सेली पत्रकारलोग के सुरक्षा के खातिर जरुरी मास्क, सेनिटाईजर लगायत के सुरक्षा कवछ के व्यवस्था मिलावे खातिर पत्रकार चौरसिया निहोरा कइनी ।
‘सम्भवत अभी तक कउनो भी पत्रकारलोग आपन आडिटी परिक्षण करवले नइखन, पहिलका परिक्षण करावेवाला पत्रकार हमनी हि बानी,’ रातोपाटी अनलाईन पर्सा से रिपोर्टिङ्ग करेवाला पत्रकार अमित अग्रवाल कहनी कि, ‘कोरोना भाइरस के आशंका मिटावे के साथे आम सर्वसाधाराण मे लुकाईल डर निकाले खातिर आ खुल के आपन आपन आरडिटी परिक्षण करा क निफिकिर होखो जनचेतना फईलावे खातिर हमनी आपन आरडिटी परिक्षण करवले बानी’ कहके बतवनी ।

समाजिक दुरी कायम करके आ सरकार से लागु कईल लकडाउन के प्रभावकारी बनावे खातिर आपन आपन जगहा से सकारात्मक भुमिका निर्वाह करे खातिर सभी पर्सेली संचारकर्मी के द नेपाल टप पर्साकर्मी नरेश सर्राफ निहोरा कइनी ।

अईसे आरडिटी परिक्षण करावेवाला मे द नेपाल टप के नरेश सर्राफ, सूर्योदय टिभी के पत्रकार श्रवण साह, रातोपाटी के अमित अग्रवाल, एपी अनलाईन के दिपक चौरसिया, वीरगंज दैनिक अनलाईन के रंिजत चौरसिया, आजतक दैनिक के विनोद पटेल, भोजपुरी टाईम्स दैनिक के अजय चौरसिया रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।