प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री के पर्सा जिल्ला प्रतिनिधि शेख समिर पकडईलें

वीरगंज १० बैशाख

संघीय समाजवादी पार्टी पर्सा के स्थानीय नेता शेख समिर के पुलीस पकडले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के पुलीस टोली बुध के सँझिया वीरगंज २ छपकैयास्थित उनकर घर से पकडले बा ।

घर मे रहल अवस्था मे बहुते पुलीस परिचालन करके उनका के पकडले बा । उनका के पकडे खातिर वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरिक्षक निर्मल पनेरु के नेतृत्व मे, अपराध नियन्त्रण तथा क्वीआरटी टोली करके करिब ४० जने से बेसी पुलीस परिचालन कईल रहे ।

मुल गेट के ताल्चा लगा के घर भितर रहल अवस्था मे पडोसी सन्तोष क्षेत्री के घर के छत से कुद के पुलीस समिर के घर भितर प्रवेश करके गेट के ताला फोर के उनका के नियन्त्रण मे लेहल प्रत्यक्षदर्शी स्थानीय बतवले बाडन ।

‘४०—४५ जने के संख्या मे युनिफर्म तथा सादा डरेस मे आईल पुलीस चारु ओरी से घर घेराव करके उनका के पकडले बा ।

बाहर से ताला लगा के घर भितर रहल अवस्था मे ताला फोर के समिर के पकडले बा,’ स्थानिय प्रत्यक्षदर्शी मुन्ना शेख कहनी कि, ‘लकडाउन के चलते हमनी घर भितर रहनी, केहु घर से बाहर निकले ना सकल माकिर कउन कारण से पकडल गईल खुलावल नइखे ।’ कहके बतवनी ।

पकडाईल समिर मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी के पर्सा जिल्ला प्रतिनिधि हउवन् । मुख्यमन्त्री योजना के पर्सा जिल्ला के सभी रेखदेख समिर हि करत आईल बाडन । एने पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त पकडल बारेमे खुद के जानकारी ना भईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।