नेपाल मे आउर ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

काठमाण्डु १० वैशाख

नेपाल मे आउर तीन जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के मुताविक बुध के दिने २४, ६० आ ७२ बरीस के पुरुषलोग मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
उलोग उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका–३ भुल्के के नुरी मस्जिद मे रहल जमाती समूह के सदस्य हउवन । मस्जिद मे रहल १६ जने जमाती मेसे १२ जने (११ भारतीय आ एक नेपाली) मे ५ वैशाख मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

ओकर बिहान भईला दोसर एक नेपाली मे संक्रमण देखल गईल । संक्रमण ना देखल गईल तीन जने के टाँडीस्थित नेपाली सेना के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे । उलोग मे भी संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. देवकोटा बतवनी ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ४५ पुगल बा । उलोग मेसे सात जने ठिक होके घर फिर्ता गईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।