राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा शाखा अति विपन्न के राहत देहलख

प्रभु यादव
बारा ११ बैशाख
बारा के कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ७ के अतिविपन्न पाँच परिवार के राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा शाखा खाद्यान्न सामान देहले बा ।
सुरेश यादव, सुबास माली, नरेश यादव, श्याम माली आ एक जने एकल जनानी के खाए खातिर चाउर ३० किलो, आलु आ नुन सहजोग कईल गईल बारा शाखा अध्यक्ष पुरूषोतम साह जनकारी करावले बानी ।
जनप्रतिनिधि से देहल राहत से खायेला ना पुगल जनकारी आईला पर घर मे पुग के संघ के जवान लोग राहत देहले बाडन ।
राहत सहयोग शाखा अध्यक्ष साह के सहजोग मे आसमह्मद अंसारी, जले यादव, बिनोद साह आ अजित कर्ण के सहभागिता मे पुगावल गईल जनकारी करावल गईल बा ।






