सञ्चारकर्मी के ¥यापिड टेस्ट करेक व्यवस्था होखो : पत्रकार महासंघ

काठमाण्डु ११ वैशाख

नेपाल पत्रकार महासंघ सञ्चारकर्मीलोग के ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेस्ट (आरडीटी) करेके व्यवस्था मिलावे खातिर सरकार से माग कईले बा ।

काठमाण्डु मे बियफे के दिने बईठल महासंघ के बईठक से उच्च जोखिम के बीच भी सञ्चारकर्मीलोग जनता के सुसूचित करा रहल निष्कर्ष निकालत कोरोना संक्रमण देखल गईल जिल्ला सहित सभी जिल्ला मे अग्रभाग मे रहके काम कर रहल सञ्चारकर्मीलोग के ¥यापिड टेस्ट करावे के व्यवस्था मिलावे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।

बईठक के बाद महासंघ के महासचिव रमेश विष्ट एक विज्ञप्ति जारी करत कहले बा, ‘कोरोना संक्रमण के उच्च जोखिम सहके जनता के सुसूचित करेके दायित्व पूरा कर रहल आम सञ्चारकर्मीलोगके आपन सुरक्षा उपर भी संवेदनशील होके सत्य तथ्य समाचार सम्प्रेषण करे खातिर निहोरा करत बानी ।’

बईठक से श्रमजीवी पत्रकारलोग के हकहित आ अधिकार के खातिर अनुगमन, समन्वय आ कानुनी लगायत के संघर्ष करे खातिर महासचिव विष्ट के नेतृत्व मे एक समिति गठन करेके निर्णय भी कईले बा ।

महासंघ अभी के संकटपूर्ण अवस्था के मध्यनगर करत सञ्चारकर्मी आ सञ्चार प्रतिष्ठानसब के समस्या सम्बोधन के खातिर राहत सुविधा उपलब्ध करावे के माग करत केन्द्र मे नेपाल सरकार आ प्रदेश मे प्रदेश सरकार के ज्ञापन पत्र बुझावे के निर्णय कईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।