सर्वसाधारण के ठगी करेवाला वीरगंज के पाँच दोकान उपर कारवाही

वीरगंज १६ बैशाख

लकडाउन के समय मे उपभोक्ता ठगाईल सिकाईत अईला के बाद वीरगंज मे सोमार के दिने बजार अनुगमन कईल बा । संयुक्त बजार अनुगमन टोली अनगुमन के समय मे ५ गो दोकान उपर कारबाही कईल बा ।

वीरगंज–८ के रत्न जनरल स्टोर्स, वीरगंज–५ के राजेश किराना सप्लायर्स, रोशन किराना दोकान, वीरगंज–१२ उजाला स्टोर आ वीरगंज आरसी फुड प्रोडक्टस के कारबाही कईल वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय वीरगंज जनवले बा ।

आरसी फुड के १० हजार आ आउर दोकान के ५÷५ हजार रोपेया जरिवाना कईल कार्यालय के प्रवक्ता दिलिप खंग खत्वे जानकारी देहनी ।
‘छोटा, छोटा दोकान रहे, खरिद बिल मागला पर केहु भी देखावे ना सकल’ कहत उ, ‘ओहिसे उलोग के जरिवाना कईल गईल बा ।’

अनुगमन टोली मे कार्यालय के प्रमुख जीतबहादुर भण्डारी, सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितबहादुर बस्नेत लगायत सहभागी रहलन ।

अनुगमन के समय मे दोकान मे मुल्य सूची ना राखल, बिल बिजकसब आ माँगल कागजातसब देखावे ना सकेवाला समस्या देखल गईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवनी । वीरगंज मे लकडाउन के समय मे एकरा से पहिले भी दु बेर बजार अनुगमन भइल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।