रौतहट के दु संक्रमित भी नारायणी अस्पताल मे राखल गईल

वीरगंज १६ बैशाख

रौतहट मे आजु २ जने कोरोना संक्रमण प्रमाणित भईला के बाद उलोग के ईलाज के खातिर वीरगंज लियावल गईल बा ।

देवाही गोनाही–१ करुनिया टोल के ३५ बरीस के पुरुष के आइसोलेसन वार्ड मे राखल गईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी । उ दिल्ली से वैशाख ४ गते नेपाल आईल रहलन । क्वारेन्टाइन जाएस से पहिले उ घर परिवार आ ससुराली मे कुछ दिने बईठल मिलल बा ।
दोसर संक्रमित वृन्दावन नगरपालिका–९ भुसाहा टोल के २४ बरीस के युवा के भी ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज मे लियावल गईल बा ।

उ क्वारेन्टाइन अवधि पुरा करके घर गईला से अस्पताल लियावे मे देरी भईल रहे । कोलकत्ता से चईत २२ गते घर अईला के बाद उनका के चन्द्रपुर स्थित क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे ।

जनकपुर से आईल टोली थ्रोट स्वाब के नमुना संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईला पर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद वैशाख ६ गते घर पठावल गईल रहे । माकिर क्वारेन्टाइन से छोडल १० दिन के बाद काठमाण्डु स्थित शुक्रराज सरुवा रोग अस्पताल के ल्याब मे कईल फेनु परीक्षण मे उनका मे कोभिड–१९ के संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

१० दिन घर रहला से घर परिवार तथा समुदाय मे भी संक्रमण के आशंका कईल बा । मास स्क्रिनिङ ना होखे तक के खातिर संक्रमित के गाँव के सिल कईल बा ।

रौतहट मे कोभिड–१९ के संक्रमित के संख्या तीन पुगल बा । जउना मेसे एक जने ठिक होके वीरगंज मे मिलल तीन भारतीय संक्रमित सँगे घर फिर्ता गईल बा ।
एहितरे रौतहट मे आजु दु जने कोरोना संक्रमित मिलल क्षेत्र मे स्थानीय प्रशासन सिल कईले बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट के वृन्दावन नगरपालिका वार्ड नं ९ भुसाहा गाँव आ देवाही गोनाही नगरपालिकाक १ के नहरटोल के चार किल्ला तोक के आदमी आवे आ जाए मे रोक लगवले बा ।

भुसाहा के दक्षिणमा भीम डावर गाँव, उत्तर मे आकरपाथर गाँव, पश्चिम मे बहुअरि आ बरगजवा गाँव आ पूर्व मे विर्ता गाँव चारकिल्ला तोक के सिल कईल बा । एहितरे नहरटोल मे पूर्व मे कन्जुल मस्जिद, पश्चिम मे लालबकैया नदी के नहर दक्षिण मे नहर (मन) आ उत्तर मे खसरहिया गाँव चारकिल्ला तोक के इलाका सिल कईल बा ।

सिल कईल इलाका से कउनो भी आदमी बाहर ना निकलेके आ दोसर जगहा से सिल कईल इलाका मे प्रवेश कईला पर कानून मुताविक कारबाही करेके प्रशासन कार्यालय सूचना निकाल के जनवले बा ।

वृन्दावन नगरपालिका भुसहा के २५ बरीस के पुरुष भारत के कोलकाता से फिर्ता आके चन्द्रपुर के क्वारेन्टाइन मे १४ दिन रहके घर फिर्ता भईल रहलन । जनकपुर से आईल प्रादेशिक टोली से कईल ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेष्ट (आरडीटी) मे नतिजा नेगेटभ देखल गईला के बाद उनका के घर फिर्ता कईल गईल रहे ।

उ वितल १० दिन से घर परिवार मे रहल बुझल गईल कहत प्रशासन कार्यालय उनकर घर परिवार तथा समुदाय मे संक्रमण होखे सकेके देखल गईल बतवले बा । एहितरे देवाही गोनाही १ के ३५ बरीस के पुरुष अभी क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन ।

माकिर क्वारेन्टाइन मे रहे से पहिले हि उ घर आ ससुराली घर मे कुछ दिन रहल सम्भावना देखल गईला से उलोग के परिवार आ समुदाय मे मास स्क्रिनिङ करेके अवस्था देखल गईल प्रशासन कार्यालय जनवले बा ।

कोरोना संक्रमित के परिवार आ समुदाय के अलग करके इलाका भर मास स्क्रिनिङ करके ओकर रिपोर्ट ना आवे तक उ इलाका से केहु भी बाहर निकलेके आ बाहर से उ इलाका प्रवेश करेमे रोक लगईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।