गलत रिपोर्ट देवेवाला जनकपुर के कोरोना परीक्षण ल्याब बन्द

जनकपुरधाम १६ वैशाख
जनकपुरधाम स्थित प्रादेशिक अस्पताल के ल्याब मे कोरोना परीक्षण करईला पर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद सर्लाही के क्वारेन्टाइन मे रहल १४ बरीस के किशोर घर फिर्ता गईलन । ओकर कुछ दिन मे टेकुस्थित राष्ट्रिय प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे उहे किशोर के रिपोर्टे पोजेटिभ आईल ।
रौतहट के दु जने के दु पुरुष के भी जनकपुर मे परीक्षण कईला पर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल । क्वारेन्टाइन मे रहल उलोग घर फिर्ता गईलन ।
ओकर १० दिन के बाद टेकु मे कईल परीक्षण मे दुनु मे कोभिड–१९ के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एक के बाद दोसर रिपोर्ट फेल भईला के बाद जनकपुर मे स्थापना कईल ल्याब उपर हि सवाल उठल बा ।
जनकपुरधाम मे २१ चईत से पिसिआर मेसिन जडान होके थ्रोट स्वाब परीक्षण शुरु भईल बा । प्रादेशिक स्वास्थ्य निर्देशनालय के मुताविक अभी तक १०२ गो स्वाब परीक्षण भईल रहे आ सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।
इहे नेगेटिभ देखल गईल मेसे तीन जने के टेकु मे पुनः परीक्षण कईला पर पोजेटिभ अईला के बाद ई पीसीआर मेसिन से परीक्षण हि बन्द कईल बा । प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव रामप्रसाद घिमिरे तत्काल के खातिर परीक्षण स्थगन कईल बतवनी ।
पाँच दिन एने संकलन कईल थ्रोट स्वाब के नमुनासब परीक्षण के खातिर टेकु हि पठावल गईल बा । साथे ई मेसिन फिर्ता करके दोसर लियावे के प्रक्रिया सुरु कईल बा । “सम्भवतः बिहान पर्सो तक दोसर नयाँ मेसिन आई” सचिव घिमिरे कहनी ।
परीक्षण कईल आउर के का कईल जाई ?
मेसिन त बदलाई माकिर एकरा से पहिले परीक्षण कईला पर नेगेटिभ आईल ९९ जने संक्रमित रहलन भा ना कहके सवाल उठल बा ।
सामाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह इहाँ नेगेटिभ देखल गईल आदमी के कोरोना से कउनो मिल्दो जुल्दो लक्षण देखाई देहला पर तत्काल सम्पर्क करे खातिर निहोरा कईले बानी ।
स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर काठमाण्डु भा धरान पठावे मे समस्या होखेवाला भईला से प्रदेश सरकार खुदे दोसर मेसिन किने लागल उ बतवनी ।
सभी उपकरण भईला पर भी एगो परीक्षण कईला पर ८ हजार रोपेया खर्च होखेला । ओईसे कईल परीक्षण के रिपोर्ट भी सही ना आईल दुःखद भईल उ बतवनी ।






