लक डाउन के ३४ दिन के बाद बारागढी गा.पा.– ४ मे राहत बाँटेके काम सुरु

प्रभु यादव
बारा १६ बैशाख
लकडाउन शुरु भईल १ महिना ४ दिन बितला पर भी अबगे बारागढी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ मे राहत बाँटेके काम सुरु कईल बा ।
गरिब, असहाय, बिपन्न आ ज्यालादारी मे काम करेवाला आदमीसब चरम सास्ती भोगला के बाद मात्र राहत बितरण प्रक्रिया शुरु कईला के बाद उलोग उपर वार्ड कार्यालय अन्याय कईल नागरिक अगुवालोग प्रतिक्रिया देहले बाडन । अभी वार्ड नम्बर ४ मे वार्ड अध्यक्ष रामकृपाल चौधरी बैमौसम के बजा बजा रहल बा ।
समाजिक दुरी भी कायम ना करके राहत बाँटेके काम चल रहल बा । वार्ड भितर रहल करिब ६ सय से बेसी आदमीसब के राहत बाँटेके काम शुरु कईल तत्कालिन राजपा पार्टी के प्रतिनिधी रामाकान्त चौधरी बतवनी ।
राहत बाँटेके कार्जक्रम मे नेकपा के प्रतिनिधी जोखु साह, समाजवादी पार्टी के ईसराफिल अंसारी लयागत के सहभागिता मे राहत बाँटल गईल रहे । ४ जने परिवार से बेसी के ३० किलो, ४ से कम के २० किलो चाउर देहल गईल बा ।
दाल, आलु, नुन आ तेल भी देहल गईल बा । राहत बाँटेके प्रक्रिया ३ दिन तक चलेके वार्ड सचिव रुदल प्रसाद यादव बतवनी । यदपी वार्ड कार्यालय से धनिकलोग के भी राहत के सुची मे राख के मजदुर गरिब तथा असहायलोग के अन्याय कईले बाडन ।





