चोरी के योजना बना के साथीलोग से सुरज के हत्या

सप्तरी १७ वैशाख
हनुमाननगर कंकालनी नगरपालिका– १ भारदहस्थित कोशी बाँध मे बितल मृत मिलल सुरज साह के हत्या उनके साथीलोग से कईल खुलल बा ।
साह के हत्या कईल आरोप मे पुलीस उनकर साथीलोग सुजित कुमार मुखिया, कृष्णकुमार मुखिया आ टिल्का कहेवाला चन्द्रशेखर मण्डल के पकडले बा । उलोग घरेलु हथियार प्रहार करके हत्या कईल अनुसन्धान के समय मे खुलल पुलीस जनवले बा ।
तीनु जने के जिल्ला अदालत से म्याद थप करके आउर अनुसन्धान सुरु कईल सप्तरी पुलीस के प्रवक्ता एवं डीएसपी तिलक भारती जानकारी देहनी ।
अइसे मरईलें सुरज
१० बरीस के सुरज के लास ३० चईत २०७६ के रात हनुमानगर कंकालनी नगरपालिका १ स्थित कोशी नदी के पश्चिम ओरी के बाँध के रास्ता के बगल के झाडी मे मिलल रहे । मृतक आ हत्या मे संलग्न भईल आरोप मे पकडाईल लोग गाँजा सेवन करे खातिर कोशी बाँध मे भेला भईल रहलन । उ समय मे उलोग चोरी के योजना बनवलें ।
चोरी करे खातिर जरुरी पडेवाला सामानसब कट्टर, खुकुरी आ बोरा लियावे खातिर सुरज के जिम्मा देके खाना खाए खातिर आपन घर ओरी गईनी ।
अलग भईला के एक घण्टा के बाद चारु जने गाँव लगे के आम के बगैंचा मे जम्मा भईल रहलन ।
पकडाईल लोग से देहल बयान मुताविक सुरज सँगे भईल सोनपीच (सुलेसन) नामक लागूऔषध सभी खईले रहलन ।
रात १०ः३० बजे ओरी कंकालिनी मन्दिर अगाडि पुगनी । नसा के सुर मे रहल उलोग कहुँचावे के समय मे सुजित कुमार ताल्चा काटेवाला कटर से सुरज के मुडि पर मरलन । उ बेहोस होके गिरलन ।
ओकरा बाद तीन जने मिल के प्लास्टिक के बोरा मे रहल ब्लु रंग के लेस से सुरज के घेँट मे बान्ह के तान रहला पर लात आ कटर भी मरले रहलन । ओकरा बाद उलोग प्लास्टिक के बोरा मे डाल के भलुवा ओरी लेगईल बयान देहले बाडन ।
बाँध ओरी लेजाए के समय मे सुरज जीवित रहल आशंका मे कोशी बाँध के बगल मे लेजाके खुकुरी से मुडि उपर तीन–तीन बेर प्रहार कईल आ लास उहें छोड के गईल अभियुक्तलोग बयान देहले बाडन ।






