वीरगंज मे राहत बाँटे खातिर लियावल गुणस्तरहीन चाउर के बारे मे छानबिन

वीरगंज १८ बैशाख
वीरगंज मे राहत बाँटे खातिर लियावल चाउर गुणस्तरहीन मिलल कहके बारेमे छानबिन सुरु कईल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के नेतृत्व मे सरोकारवाला निकाय छानबिन सुरु कईले बाडन ।
बुध के दिने सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत नेतृत्व के टोली चाउर राखल वार्ड नं १४ के कार्यालय आ उद्योग के गोदाम के स्थलगत निरीक्षण कईले बा ।
टोली चाउर के गुणस्तर मापन के खातिर विन्दबासिनीस्थित न्यु बोलबम राइस मिल आ सुरज खाद्य उद्योग के एक÷एक बोरा से नमुना भी संकलन कईले बा । संकलित नमुना परीक्षण के खातिर खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय जनकपुरस्थित प्रयोगशाला मे पठावल गईल बा ।
बुध के दिने राहत वितरण के खातिर पठावल चाउर ढेपा बन्हाईल अवस्था मे मिलल वार्ड अध्यक्ष भरत कुर्मी सिकाईत कईले रहनी । न्यू बोलबम राइस मिल आ सुरज खाद्य उद्योग करके दु गो उद्योग से ९ सय ५० किलो सोना मन्सुली चाउर वार्ड कार्यालय मे मिलल रहे ।
५० किलो के १३ बोरा आ ३० किलो के १० बोरा चाउर मिलला मे तीन गो बोरा खोल के देखला पर ढेपा बन्हाईल अवस्था मे मिलल रहे । कैयन बोरा मे उल्लेखित तौल से कम चाउर मिलल रहे ।
अनुगमन टोली बियफे के दिने हि महानगरपालिका के चाउर आपूर्ति करेके जिम्मा मिलल विन्दबासिनी गाँवपालिका–२ स्थित सुरज खाद्य उद्योग के भी अनुगमन कईले बा । अनुगमन के समय मे खाद्य उद्योग से बिक्री के खातिर प्याकिङ करके राखल ३० किलो के पाँच गो बोरा तौल कईल बा ।
उ समय मे बोरा मे ८० ग्राम से २ सय ५० ग्राम तक कम चाउर भरल मिलल बा । टोली उ बारेमे विवरण संकलन करके लियाईल बा । उ सम्बन्ध मे गुणस्तर तथा नापतौल कार्यालय जरुरी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
‘सिकाईत के आधार मे हमनी अनुगमन मे गईल बानी, दु गो फरक फरक बोरा से चाउर के नमुना संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल गईल बा’ सहायक प्रजिअ बस्नेत कहनी कि, ‘उद्योग मे उल्लेखित तौल से कम भरल मिलल बा । नापतौल तथा गुणस्तर कार्यालय जरुरी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढाई ।’





