सञ्चार माध्यम के नवीकरण शुल्क मिनाह करेके माग

काठमाण्डु १८ वैशाख

नेपाल पत्रकार महासंघ सञ्चार माध्यम के नवीकरण शुल्क मिनाह करे खातिर सरकार से माग कईले बा । कोरोना से संकट लियावे के कहत महासंघ ई बरीस के रोयल्टी आ नवीकरण शुल्क मे पूरे छुट देवेके माग कईले बा ।

सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री के बियफे के दिने ज्ञापनपत्र पठावत महासंघ अनेकन कर मे भी छुट देवेके माग कईले बा ।

ज्ञापनपत्र मे विद्युत, टेलिफुन आ इन्टरनेट महसुल छुट तथा कागज सहित के आउर प्रेस सामान खरिद मे भी कर छुट सहित के राहत प्याकेज घोषणा करेके उल्लेख कईल बा ।

महासंघ कोरोना से अतिप्रभावित जिल्ला के फिल्ड मे खट रहल पत्रकार के तत्काल स्वास्थ्य परीक्षण आ बिमा आ जरुरी स्वास्थ्य सुरक्षा सामान के व्यवस्था करेके माग कईले बा ।

कोरोना से लियावल संकट के समय मे सञ्चारगृह से पत्रकार के बेतलबी छुटी मे राखेके, हटावे के आ समय मे पारिश्रमिक उपलब्ध ना करावे के समस्या देखल गईला से समस्या सम्बोधन के खातिर सरकार से निहोरा कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।