सखुवाप्रसौनी के क्वारेन्टाइन मे रहल ५ जने घर गईलें

वीरगंज २० बैशाख,
पर्सा जिल्ला के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे रहल ५ जने के शनिचर के दिने घर पठावल गईल बा ।
भारत के अनेकन जगहा से रोजगारी करके फिर्ता भईल पाँच जने के पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद घर पठावल गईल गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख राजेश रौनियार जानकारी देहनी ।
श्री दीपनारायण माध्यमिक विद्यालय मे गाँवपालिका से स्थापना कईल क्वारेन्टाइन मे उलोग दु हप्ता रहल वार्ड नम्बर ४ के अध्यक्ष जुमादीन मियाँ बतवनी । घर फिर्ता होखेवाला मे ४ जने पुरुष आ एक जनानी रहल उ बतवनी ।
अध्यक्ष मियाँ के मुताविक उलोग के एक हप्ता तक होम क्वारेन्टाइन मे रहेवाला किसिम से आफन्त के जिम्मा लगा के घर पठावल गईल बा ।






