बारा के संक्रमित दु जने के सम्पर्क मे आईल सभी के रिपोट निगेटिभ

प्रभु यादव

बारा २० बैशाख

कोभिड–१९ कोरोना भाइरस के संक्रमित दु जने के सम्पर्क मे आईल बारा के ६ जने मे संक्रमण ना भईल मिलल बा ।

जिल्ला के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं.७ जीतपुर के ४३ बरीस के पुरुष के परिवार के तीन सद्स्य सहित चार जने आ वार्ड नम्बर १९ ईनरवासिरा के मदर्सा के ३१ बरीस के मौलाना ‘शिक्षक’ के सहजोगी दु जने के स्वाब संकलन कर के परिक्षण खातिर काठमाण्डु के केन्द्रिय प्रयोगशाला मे पेठावल शनिचर के सब के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के महामारी रोग फोकल व्यक्ती शंकर गुप्ता जानकारी करावले बानी ।

बैसाख १७ गते दु जने मे सक्रमण पुष्टि भईल वाद बारा प्रशासन से उ क्षेत्र सिल कर के संक्रमित के नजिक मे आईल व्यक्ती सब के सिमरा स्थित कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल के आईसोलेसन मे भर्ना कर के स्वाब परिक्षण के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल रहे ।

भारत के दिल्ली मे नेजामुदिन मर्कच मे आयोजना भईल धार्मीक सभा मे दुनु जने गईल रहलन । अभी तक बारा मे एक सय १५ जने के स्वब परिक्षण कईल गईल जवना मे से दु जने संक्रमित आ एक सय आठ जने मे निगेटीभ रहल बा बारा जनस्वास्थ्य कार्यालय के वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशाशक राजकिशोर पंडित जनकारी करावले बानी ।

पचरौता के करेन्टाइम मे रहल ७ जने के रिपोट ना आईल पंडित जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।