नेपालगंज के आउर ६ जने मे कोरोना पुष्टि, संक्रमित के संख्या ७५ पुगल

काठमाण्डु २१ बैशाख
बाँके के नेपालगंज मे एके दिन १५ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक एतवार के सँझिया ६ जने के पीसीआर विधि से भईल स्वाब परीक्षण रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।
स्वास्थ्य मन्त्रालय के सहप्रवक्ता डा. समिरकुमार अधिकारी के मुताविक एतवार के सँझिया नेपालगंज के १६, २१, ३४ बरीस के पुरुष आ ४०, ५५ आ ६० बरीस के जनानी मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईल बा ।
उलोग सभी के भेरी अस्पताल, नेपालगंज के प्रयोगशाला मे स्वाब परीक्षण कईल रहे ।
स्वास्थ्य मन्त्रालय के नियमित पत्रकार सम्मेलन मे एतवार के दिन के मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा बाँके के नेपालगंज मे पाँच पुरुष आ चार जनानी करके ९ जने के कोरोना पोजिटिभ देखल गईल जानकारी करवले रहनी ।
एकरा सँगे नेपालगंज मे एके दिन १५ जने मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईल बा । नयाँ संक्रमित थपईला सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ७५ पुगल बा । १६ जने ठिक भईल बाडन ।
मन्त्रालय के मुताविक अभी तक पीसीआर विधि से १३ हजार चार सय १४ आ आरडीटी विधि से ५९ हजार ६ सय ८९ नमुना परीक्षण भईल बा ।
पिछिलका २४ घण्टा मे एक हजार ८ सय ७९ जने के नमुना परीक्षण भईल बा । प्रवक्ता देवकोटा के मुताविक अभी २१ हजार ९ सय से बेसी क्वारेन्टाइन मे बाडन ।
आइसोलेसन मे उपत्यका मे ४ आ बाहर ७३ करके ७७ जने के ईलाज हो रहल बा ।
सात बरीस के बच्चा मे भी कोरोना संक्रमण
नेपाल मे पहिलका बेर नेपालगंज के एक सात बरीस के बच्चा मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा से पहिले १४ बरीस तक के आदमी मे कोरोना संक्रमण मिलल रहे ।
उनका सहित नेपालगंज मे कोरोना संक्रमित होखेवााल के संख्या १० पुगल बा आ एतवार के मात्र एके दिन १५ जने मे कोरोना संक्रमण भईल बा । जउना मे ८ पुरुष आ ७ जनानी बाडि ।
बाँके मे पहिलका बेर कोरोना संक्रमित आदमी ट्युसन पढावे के महेन्द्र पार्क लगे रहल नेपालगंज उपमहानगरपालिका ८ जोलाहनपूर्वा के इस्लामिया फैजुल इलम मदर मे अध्ययनरत बच्चा मे कोरोना संक्रमण भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय बाँके के कोरोना फोकल पर्सन नरेशबाबु श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
‘हमनी सुरु मे जोलाहनपूर्वा के आदमी से नमूना संकलन लेत रहनी’, कहत उ, ‘परिवार के सदस्य के तानका देरी से नमूना संकलन कईल रहे ।
परिवार के सदस्य के नमूना परीक्षण करेके अभी भी बाँकी बा ।’
शनिचर के दिने थ्रोट स्वाब संकलन कईल ९० जने के परीक्षण मे १५ जने के कोरोना पोजिटिभ आईल बा । अभी भी ६० जने के परीक्षण करेके बाँकी बा ।
६० जने मे परिवार के ७ जने सदस्य भी बाडन । उलोग के नेपालगंज के महेन्द्र बहुमुखी क्याम्पस के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा ।
भेरी अस्पताल नेपालगंज के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा.प्रकाशबहादुर थापा आउर नमूना के परीक्षण जारी रहल बतवले बाडन ।
सात बरीस के बच्चा मे कोरोना पुष्टि भईल बतईला पर भी उ लइका भा लइकी खुले नइखे सकल ।





