राहत बाँटेके माग करत जीराभवानी गाँवपालिका कार्यालय फेनु घेराव

मेघराज राय

जीराभवानी २१ बैशाख

राहत बाँटेके माग करत स्थानीयबासी पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका कार्यालय फेनु घेराव कईले बाडन ।

गाँवपालिका से राहत ना बाँटला पर गरिब तथा विपन्न परिवार बेसी समस्या मे पडल कहत वार्ड नम्बर १ महादेवपट्टी के स्थानीयलोग आजु गाँवपालिका घेराव कईले बाडन ।

जनता समाजवादी पार्टी के स्थानीय नेता नेसार समानी के नेतृत्व मे लकडाउन प्रभावितलोग गाँवपालिका कार्यालय घेराव कईले रहलन ।

गाँवपालिका वार्ड नं २ बाहेक आउर वार्ड मे राहत ना बाँटला से दबाव देवे खातिर गाँवपालका घेराव कईल समानी बतवनी ।

एकरा से पहिले तीन दिन भितर राहत वितरण करेके माग सहित वार्डवासीलोग गाँवपालिका प्रमुख के ज्ञापन पत्र भी बुझवले रहलन ।

गाँवपालिका प्रमुख रामपृत महतो राहत बाँटेके सम्बन्ध मे उत्पन्न समस्या समाधान के खातिर छलफल हो रहल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।