महोत्तरी मे मृतक के संख्या १३ पुगल

बर्दिबास २३ वैशाख,
महोत्तरी के भंगहा नगरपालिका–७ मझौलिया के ७० बरीस के गर्भी देवी के मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे वैशाख १० एने महोत्तरी के बर्दिबास आ भंगहा नगरपालिका मे मृत्यु होखेवाला के संख्या १३ पुगल जनस्वास्थ्य निरीक्षक गिरेन्द्र कुमार झा जनकारी देहनी ।
“खोकी लागल रहे । श्वासप्रवास मे समस्या अईला के बाद गर्भी के अस्पताल लियावल गईल रहे ।
बेड मे सुतावे से पहिले उ दम तुरनी,” कहत उ, “उनका के मझौलिया स्वास्थ्य चौकी मे ईलाज करेके लियावत रहे ।” ईलाज करे खातिर स्वास्थ्य चौकी मे एमबीबीएस डाक्टर ना भईल बतवनी ।
१० जने के दारु पियला के चलते मृत्यु भईल बा, एक जने के औलो से मृत्यु भईल बतावल गईल बा । मा
दु जने के मृत्यु के चलते अभी खुले सकल नइखे । गर्भी के दम बेमारी के चलते मृत्यु भईल भंगहा नगरपालिका मेयर संजीवकुमार साह के कहनाम बा ।
एहितरे प्रदेश सरकार आ स्थानीय सरकार गम्भीर ना बनला पर दारु नागरिक के खातिर काल बनत गईल प्रदेशसभा सदस्य सारदा देवी थापा बतवनी ।
महोत्तरी के भंगहा मे जहर मिलावल दारु पियला से मृत्यु भईल पीडित परिवार के भेट करे गईल प्रदेशसभा सदस्य थापा धनुषा मे कुछ महिना पहिले मात्र २० जने के ज्यान भईल घटना से सरकार पाठ ना सिखल बतवनी ।





