
वीरगंज २३ बैशाख,
सङ्घीय सरकार कोरोना सङ्क्रमण फईले सकेके खतरा के दृष्टि से प्रदेश नं. २ के आठ जिल्ला के बहुते जोखिमपूर्ण (रेडजोन) क्षेत्र के सूची मे राख के लकडाउन के आउर बेसी प्रभावकारीरूप मे अगाडि बढावल बतवनी ।
कोरोना सङ्क्रमण के उच्च जोखिम मे रहल ई प्रदेश के आठ गो जिल्ला मे लकडाउन के प्रभावकारीरूप मे लागू करके सीमा सतर्कता बढावल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर के प्रहरी निरीक्षक तिलक सुनार बतवनी ।
भारतीय सीमा से जुडल प्रदेश नं २ के आठ जिल्ला के लम्बाइ ४२८ किलोमिटर बा । ई क्षेत्र मे ३२९ गो चेक प्वाइन्ट खडा करके सीमा क्षेत्र के आउजाउ मे व्यापक कडाइ कईल बा ।
खुला सीमा के चलते भारत से चोरालुका के नेपाल प्रवेश करेके क्रम बढला के बाद प्रदेश नं २ प्रहरी कार्यालय सीमानाका मे चेक प्वाइन्ट खडा करके निगरानी बढवले बा ।
लकडाउन के सफल करे खातिर पुलीस कडाइ कईला के बाद सामाजिक दूरी कायम करेमे सुधार होत आईल प्रदेश नं २ प्रहरी कार्यालय जनवले बा ।
प्रदेश नं २ मे अभी तक कोरोना पोजेटिभ के सङ्ख्या १० पुगल बा ।
जउना मेसे एक जने ईलाज के बाद ठिक होके घर फिर्ता गईल आ उनकर आरडिटी परीक्षण कईला पर फेनु कोरोना पोजेटिभ देखल गईल रहे । उ १० जने के वीरगंज स्थित नारायणी कोभिड अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
अभी प्रदेश नं २ मे आइसोलेशन मे ३० आ क्वारेन्टाइन मे एक हजार १५७ जने रहल जनावल गईल बा ।
लकडाउन के अवहेलना करके बाहर निकलेवाला ७३७ जने के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा आ लकडाउन के पालना ना कईल ६ हजार ६७० गो सवारी साधन नियन्त्रण मे लेहले बा ।
प्रदेश नं २ रेडजोन मे अईला के बाद लकडाउन के पूर्णरूप मे पालना करावे खातिर कडाइ कईला के साथे सीमा क्षेत्र मे भी कडाइ कईल रहे ।