वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक पनेरु के चलते चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग पिडित : चिकित्सक संघ नारायणी

वीरगंज २४ बैशाख,

वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी टोली चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग उपर बारम्बार दुव्र्यवहार तथा मानसिक यातना देरहला से उलोग उपर तत्काल छानबिन करके कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा वीरगंज माग कईले बा ।

नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा वीरगंज आजु आपन सभाहल मे पत्रकार सम्मेलन करत चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग अस्पताल तक आवे जाएके समय मे दुव्र्यवहार तथा मानसिक यातना देरहल चिकित्सकलोग बतवले बाडन ।

विश्वभरी फईलल कोरोना भाइरस ईलाज मे संलग्न चिकित्सक एवं स्थाथ्यकर्मीलोग के भी नारायणी अस्पताल तक पुगे ना देत बदनियतपूर्ण पुलीसलोग दादागिरी शैली अपनावल देखल गईल बा ।

चिकित्सक संघ नारायणी शाखा के सचिव डा. उदय नारायण सिंह चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग अस्पताल मे आवे जाएमे वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक निर्मल पनेरु के नेतृत्व मे रहल पुलीसलोग सवारी साधन रोकला के साथे अपशब्दसब प्रयोग करत पिटपाट के भी प्रयास कईल सिकाईत कईले बानी ।

मुस्कान सहित के प्रहरी सेवा कहला पर भी प्रहरी निरिक्षक कउन नियत से डाक्टरलोग उपर अईसन दुव्र्यवहार कर रहल खुदसब बुझे ना सकल बतावत डा. सिंह तत्काल स्थानिय प्रहरी प्रशासन अस्पताल आवे जाए खातिर सहज वातावरण ना बनईला पर खुदसब अस्पताल तक जाए ना सकेके बतवनी ।

आ ओकरा से उत्पन्न होखेवाला सभी असुविधासब के जिम्मेवारी स्वयं स्थानिय प्रहरी प्रशासन के होखेके डा. सिंह चेतावनी भी देहनी ।

वीरगंज के आउर जगहा मे रहल पुलीसलोग चिकित्सक एवं स्वास्थ्यकर्मीलोग के आवे जाए देवे खातिर सहज बातावरण बनईला पर भी वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरीलोग गलत व्यवहार करत आईल डा. सिंह बतवनी ।

अईसन महामारी के समय मे भी आपन ज्यान के बाजी राख के सेवा कर रहल चिकित्सक एवं स्वास्थ्यकर्मीलोग उपर वडा प्रहरी कार्यालय समय मे आपन रवैया ना सँचिअईला पर बाध्य होके कडा कदम चालेके स्थानियबासीलोग चेतावनी देहले बाडन ।

स्थानिय प्रशासन चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग के खातिर कउनो किसिम के पास जारी ना कईल अवस्था मे अईसे बितल तीन दिन से लगातार करिब आधा दर्जन किकित्सकलोग उपर दुव्र्यवहार एवं मानसिक यातना देत अईला से खुदसब बाध्य होके अस्पताल तक जाए ना सकेके अवस्था बनल चिकित्सक डा. सिंह बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे डा. निरज सिंह चिकित्सक एवं स्वास्थ्यकर्मीलोग के कार्ड एवं ड्रेस रहला पर भी पुलीस निरिक्षक पनेरु के टोली के अईसन रबैया के घोर भत्र्सना भी कईले बानी ।

बितल तीन दिन मे डा. उदय नारायण सिंह, डा. रोशन अली, डा. अनिस सिंह, मेहदीहसन अंसारी लगायत के चिकित्सक एवं स्वास्थ्यकर्मीलोग उपर दुव्र्यवहार भईल डा. सिंह बतवनी ।

ई सम्बन्ध मे पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त से भी बातचीत करेके पत्रकार सम्मेलन मे सहभागी चिकित्सकलोग बतवले रहनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाख के अध्यक्ष डा. अरुण कुमार सिंह, डा. दिलिप चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

एकरा से पहिले वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक पनेरु नेपाल औषधी व्यवसायी संघ पर्सा के अध्यक्ष उपर भी दुव्र्यवहार कईला के साथे मोटरसाईकल भी नियन्त्रण मे लेहले रहलन ।

उहे विषय के लेके एक दिन पर्सा जिल्ला के सभी दवाई दोकानसब भी बन्द कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।