हेल्पिङ्ग ह्यान्ड्स फर पिपल के कार्जक्रम मे ४ जनानी सहित ६४ जने कईलें खुनदान

वीरगंज २४ बैशाख,

कोरोना भाइरस माहामारी के समय मे खुनद के कमी के मध्यनजर करत “हेल्पिङ्ग ह्यान्ड्स फर पिपल” नामक गैरसरकारी संस्था आजु खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।

सोसल डिस्टेन्सिङ्ग के पालना करत रामगढवा चौक मे आयोजना कइल खुनदान कार्जक्रम मे ४ जनानी सहित ६४ जने खुनदान कईले बाडन ।

खुनदान कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय कुमार चौरसिया खुनदेवेवाला लोग के खुन शंकलन करेवाला थैलि देके कार्जक्रम के शुभारम्भ कईले रहनी ।

“खुनदान जिवन दान” कहके मुल नारा के साथ आयोजना कईल कार्जक्रम मे पारश राउत, रामाशन्कर द्विवेदी, युवा नेता बिजय पटेल, जङ्गबहादुर पटेल, रामानन्द पटेल, अशोक पटेल, उमेश पटेल, बिरभुशन पटेल, बृजेश पटेल, शुशिल पटेल, कन्हैया पटेल, नेपाल बिद्यार्थी संघ के जिल्ला अध्यक्ष बिकाश तिवारी, रोशन सिंघ, केशव जि, बाबुनन्द पटेल, बेद प्रकाश पटेल, चन्दन सहनी, इमाम हुसेन लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।

उ अवसर मे नेपाल रेड्क्रस सोसाइटि के शैलेन्द्र चौरसिया, साबिर अहमद ऐराज, वार्ड अध्यक्ष दशरथ पटेल, पुर्ब अध्यक्ष जङ्गालि राउत कुर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।