लकडाउन जेठ ५ तक बढावे के मन्त्रिपरिषद के निर्णय

काठमाण्डु २४ वैशाख
सरकार लकडाउन के जेठ ५ गते तक बढावे के निर्णय कईले बा । बुध के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद् के बईठक से लकडाउन बढावे के निर्णय कईले बा ।
कोभिड–१९ रोकथाम तथा नियन्त्रण सम्बन्धी उच्चस्तरीय समन्वय समिति मे जोखिम के आधार मे ७७ जिल्ला के लाल, पियर आ हरिहर क्षेत्र मे विभाजन करेके आ उ मुताविक लकडाउन कडा भा सहज बनावे के प्रस्ताव पेश कईले रहे ।
माकिर प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओमे सहमत ना भईलन । भारत मे संक्रमण के अवस्था जोखिमपूर्ण देखल गईल बा । ओकर असर नेपाल मे भी पडेके आ नेपाल मे टेस्ट भी कम भईल उनकर कहनाम रहे ।
बुध के मन्त्रिपरिषद् बईटक मे भी प्रधानमन्त्री ओली अभी नेपाल खतरामुक्त ना भईल आ जोखिम के आधार मे लाल, पियर आ हरिहर क्षेत्र छुट्यावे के समय ना भईल बतावल गईल एक मन्त्रीले जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले घोषित लकडाउन २५ वैशाख तक बा ।
कोरोना भाइरस के रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सरकार चईत ११ गते से लगावल लकडाउन बुध के दिने ४४ दिन पुगल बा ।
लम्हर लकडाउन से अर्थतन्त्र मे बडका समस्या पडल कहत प्रभावित क्षेत्र छुट्याके लकडाउन सहज बनावे के आवाज भी उठ रहल बा ।
मन्त्रिपरिषद् के बईठक से अन्तराष्ट्रिय हवाई उडान आ सीमा नाका मे आवागमन मे लगावल रोक के मे ३१ अर्थात जेठ १८ गते तक बढावे के निर्णय कईले बा ।
साथे बिहान २५ गते बुद्धजयन्ती के अवसर मे सँझिया ७ बजे दीप प्रज्ज्वलन करेके निर्णय भी कईले बा ।






