बेसी दाम मे सिमेन्ट बिक्री करेवाला दोकान मे सिलबन्दी

जनकपुरधाम २४ वैशाख,
बजार दाम से बेसी मे सिमेन्ट बेंचल मिलला के बाद सिराहा के एक सिमेन्ट दोकान आजु सिलबन्दी कईल बा ।
मिर्चेया बजारस्थित भाग्य विधाता आइरण स्टोर बजार दाम से बेसी मे मारुती सिमेन्ट बिक्री कईल मिलला के बाद दोकान मे सिलबन्दी कईल सिराहा पुलीस जनवले बा । पुलीस दोकान के मालिक राजकुमार मगर के भी नियन्त्रण मे लेहले बा ।
मगर प्रति बोरा ७६० रोपेया पडेवाला सिमेन्ट ८ सय रोपोय मे बेंचल मिलला के बाद उनकर दोकान मे सिलबन्दी कईल सिराहा पुलीस के प्रवक्ता एवं डीएसपी विनोद घिमिरे बतवनी ।
मगर के दोकान मे उ कम्पनी के ३४० बोरा मिलल बतवनी ।
मगर के दोकान से १० बोरा सिमेन्ट किन के अटो रिक्सा मे राख के स्थानीय टिकाराम पोखरेल लेजारहल अवस्था मे पुलीस रोक के चेकजाँच कईले रहे । पो
से पुछपाछ करेके समय मे मगर बेसी दाम मे सिमेन्ट बिक्री कईल मिलल बतवनी ।






