प्रदेश २ मे पीसीआर परीक्षण मे तेजी, २६ सय से बेसी के स्वाब संकलन

जनकपुरधाम २४ वैशाख,

प्रदेश २ पीसीआर विधि से कोरोना परीक्षण काम मे तेजी देहले बा । प्रदेश २ मे ३० जने कोरोना संक्रमित मिलला के बाद पीसीआर विधि मार्फत कोरोना परीक्षण के तेजी देहल गईल बा ।

पीसीआर विधि मार्फत कोरोना परीक्षण के खातिर बुध के दिने ५१ जने के स्वाब संकलन कईल प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

जउना मेसे पर्सा के ३६, सप्तरी के ११, महोत्तरी के १ आ भारत से आईल तीन जने के स्वाब संकलन कईल बा ।

एकरा से पहिले मंगर के दिने रौतहट के २७, बारा आ पर्सा के २३÷२३, धनुषा के १४, सप्तरी के ८, महोत्तरी के २ आ भारत से आईल ३ जने के स्वाब संकलन कईल रहे । पिछिलका हप्ता परीक्षण सुस्त देखल गईल प्रदेश मे दु दिन एने तेजी देहल गईल बा ।

बुध तक प्रदेश २ मे २ हजार ६ सय ६१ जने के स्वाब संकलन कईल बा । ई मेसे ३० जने संक्रमित देखल गईल बा आ ३ सय २ जने के नतिजा आवेके बाँकी बा ।

परीक्षण कईल मेसे २ हजार ३ सय ४६ जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

अभी प्रदेश २ के २ जगहा मे कोरोना परीक्षण सुरु कईल बा । प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम आ वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल से कोरोना परीक्षण सुरु भईल बा ।

जनकपुरधाम मे रहल मेसिन से दैनिक १० गो तक मात्र परीक्षण कईल जा सकता आ नारायणी अस्पताल मे रहल मेसिन से १ सय ८ गो तक स्वाब परीक्षण करे सकेके सामाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव डा. रामप्रसाद घिमिरे जानकारी देहनी ।

“वीरगंज के मेसिन से एक सिफट मे ३६ गो स्वाब परीक्षण होखी आ दैनिक ३ सिफट तक परीक्षण कईल जा सकता,” कहत उ, माकिर अभी जनशक्ति के कमी मे २ सिफट तक मात्र परीक्षण सुरु कईल बा ।

सावधानी आ सर्तकता अपनावे खातिर निहोरा
नेपाल सरकार रेड जोन मे वर्गीकरण कईल प्रदेश २ मे आउर १७ जने संक्रमित मिलला के बाद प्रदेश सरकार विशेष सतर्कता अपनावे खातिर सभी से निहोरा कईले बा ।

उच्च जोखिम मे पडल कहला पर भी हतोत्साहित आ त्रसित होखेके कउनो जरुरत ना रहल सचिव डा. घिमिरे बतवनी ।

हतोत्साहित आ डराईल से भी सावधानी आ सर्तकता अपनावे के बात मे जोड देहनी ।

“सरकार आवेवाला जेठ ५ गते तक के खातिर लकडाउन के समय भी बढवले बा,” कहत उ अनुशासित होके घर मे रहला पर कोरोना के जितल जा सकता ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।