लकडाउन के समय सिम्रौनगढ नाका से तस्करी बढल, सशस्त्र पुलीस कमाए मे मस्त

प्रभु यादव
बारा २५ बैशाख
नेपाल सरकार कोरोना भाईरस संक्रमन रोकथाम के उचित उपाय लकडाउन हि भईल निस्कर्ष निकालत निरन्तर लकडाउन थपत जा रहल बा ।
नेपाल के सभी जन्ता लकडाउन के पाल्ना कर रहल बाडन ।
वीरगंज मे काल्हु हि १७ जने मे कोरोना संक्रमन पुष्टि भईला सँगे बारा आ पर्सा मे कोरोना सँक्रमित के सँख्या २६ पुगल अवस्था मे प्रदेश नं. २ के सभी जिल्ला भारत के सिमाना से जुडला से चलते रेड जोन मे रखले बा ।
सिमा क्षेत्र के पुर्ण रुप से सिल करके आवत जावत रोक लगावे खातिर सशस्त्र पुलीस के कमान्ड मे सिमाक्षेत्र राखल बा ।
लकडाउन के समय मे सिम्रौनगढ मे सशस्त्र पुलीस तस्करी के लाईन देत पईसा कमाएके ओरी अगाडि बढल देखल गईल बा ।
सिम्रौनगढ के अमरपुर, बसवरिया, कवलपुर, खजानी आ बैरिया नाकासब से हरेक दिन रात के समय मे सुर्तिजन्य पदार्थ, नक्कली मोबिल, स्पेयर पार्टस लगायत के मालसमान के दुवानि हो रहल स्थानियबासी बतवले बाडन ।
हरेक ढुवानी मे सिमा के कमान्ड सम्हारल सशस्त्र पुलीस २०० से ५०० रोपेया लेके छोड रहल तस्करी मे संलग्न एक जने नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बाडन ।
एक दर्जन से बेसी तस्करलोग के समुह के उहाँ के स्थानिय नेतालोग संरक्षण कईला से तस्करी बढल स्थानियबासी बतवले बाडन ।
सिम्रौनगढ के बजार सबेरे ७ बजे से १० बजे तक समाजिक दुरि कायम करके दोकान खोलेके कहला पर भी दिनभर खुल रहल बा आ निर्वाध रुपमे साईकल, मोटरसाईकल तथा सवारीसाधन चल रहल बा । ए
रानिवास एरिया मे हरेक दिन सबेरे तरकारी बजार मे आदमीसब के बहुते भिडभाड देखल जा रहला से उहाँ के सचेत वर्गलोग चिन्ता मे डुबल बाडन ।
लकडाउन मे समाजिक दुरी कायम राखे खातिर नेपाल सरकार निहोरा कईला पर भी इहाँ के पुलीस प्रशासन तस्करी मे संलग्न रहल आ भिडभाड देखला पर भी मौन रहला से नेपाल के भी बिश्व के अनेकन देश जईसन संक्रमण बढेके कहत चिन्तित बनल बाडन ।





