वार्ड नं. १४ मे बाँटल गईल चाउर सभी तरिका से ठिक बा : मेयर सरावगी

वीरगंज २६ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी वार्ड नम्बर १४ मे बाँटल गईल चाउर सडल ना रहल जानकारी देहले बानी ।

वीरगंज नगर सभागृह मे आजु आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे मेयर सरावगी अनेकन सञ्चारमाध्यम मे प्रचार मे आईल जईसन चाउर सडल ना रहल आ खाए योग्य रहल जानकारी देहले बानी ।

वार्ड नं. १४ मे राहत तिवरण करे लागल चाउर सडल कहके बिवाद कईला पर भी उ बारेमे यथार्थ छानिबन करे खातिर महानगर छानबिन समिति भी गठन कईले रहे ।

महानगर से बनावल तीन सदस्यीय छानबिन समिती से देहल प्रतिवेदन मुताविक ओस के चलते तीन बोरा चाउर भिजला जईसन देखल गईल जानकारी देहनी ।

मे सरावगी चाउर के बारे मे अनावश्यक भ्रम फईलावेवाला वार्ड अध्यक्ष भरत कुर्मी महानगर के बोर्ड बईठक मे माफी माँगल बोर्ड बईठक से अब उप्रान्त ओईसन गल्ती ना करे खातिर उ वार्ड अध्यक्ष कुर्मी के सचेत करावेके निर्णय भईल जानकारी देहनी ।

उ कुछ संचार माध्यम से तथ्यहिन आ भ्रम छिटेवाला किसिम के समाचार प्रकाशन, प्रशारण भईल उपर गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल भी पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करवले रहनी ।

महानगरपालिका से सम्पादन कईल काम कारवाही के बारे मे सत्य, तथ्य, वास्तवीक आ विश्वसनिय सूचना देवे खातिर सञ्चारमाध्यम आ संचारकर्मीलोग से निहोरा कईले रहनी ।

उ पत्रकार सम्मेल मे उपमेयर शान्ति कार्की, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भूमिराम शर्मा, प्रवक्ता संतोष तिवारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।