जनजागरण मध्यवर्ती सामुदायिक वन उपभोक्ता समिति मे पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के छापा
प्रभु यादव
बारा २७ बैशाख
जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं ३ रामवन मे रहल जनजागरण मध्यवर्ती सामुदायिक वन उपभोक्ता समिति के कार्यालय मे आजु पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज आधाभार के टोली छापामारी कईले बा ।
पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज आधाभार के टोली लकडी बिक्रिबितरण के साथे खर्च मे अनियमित्ता कईल आशंका मे कार्यालय मे रहल कागजपत्रसब नियन्त्रण मे लेहल कार्यालय के प्रमुख अमिर मर्हजन जानकारी देहनी ।
तारा बहादुर कार्की अध्यक्ष रहल जनजागरण मध्यवर्ती सामुदायिक वन उपभोक्ता समिति रामवन मे ब्यापक अनियमित्त भईल कहके बातसब बाहर अईला के बाद जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं ३ के अध्यक्ष जगन्नाथ प्रसाद घिमिरे के रोहवर मे पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज आधाभार के टोली छापामारी कईल वार्ड नं. ३ के वार्ड अध्यक्ष घिमिरे बतवनी ।
वन समुह मे वितल कुछ दिन से वन भितर राखल सखुवा के गोलाइ के चोरी बढत गईल, घाँस लकडी, चरी–चरण के खातिर अनियमित रुप मे अध्यक्ष कार्की के हि निर्देशन मे पईसा असुलल जईसन भिडियोसब सामाजीक संजाल मे भी अईला के बाद पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज आधाभार के टोली जनजागरण मध्यवर्ती सामुदायिक वन उपभोक्ता समिति के कार्यालय मे शुक के दिने छापामारी कईले बा ।
निकुञ्ज वन समुह के कागजपत्र, खातापाता सभी नियन्त्रण मे लेहले बा ।
छापा मारे खातिर शुक के दिने दुपहरिया ४ बजे पुगल टोली रात के ८ बजे मात्र निकलल रहे ।
एने वन समुह के अध्यक्ष तारा कार्की राजनितिक पुर्वाग्रह के चलते अईसन करावल माकिर खुद कउनो गल्ती ना कईल दाबी कइले बानी ।






