चितवन मे पुलीस उपर आक्रमण, ३ जने घायल, २ गो गाडी मे नोक्सानी

चितवन २७ वैशाख
गाँजा बरामद करके फिर्ता आ रहल पुलीस टोली उपर पूर्वी चितवन के राप्ती नगरपालिका–५ चौकीडाँडा मे आक्रमण भईल बा ।
प्रतिकार स्वरुप एक राउन्ड हवाई फायर कईल पुलीस जनवले बा ।
राप्ती नगरपालिका–१२ से ३४ किलो गाँजा बरामद करके फिर्ता आ रहल समय शुक के रात करिब साढे ९ बजे के समय चौकीडाँडा मे स्थानीयवासी पुलीस उपर आक्रमण कईले रहलन ।
आक्रमण से पुलीस जवान अवधेशप्रसाद यादव, लुकेश जर्घा आ सुजन बराइली घायल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय चितवन जनवले बा ।
यादव के अवस्था मध्यम बा ।
आउर दु जने के अवस्था खतरामुक्त रहल पुलीस जनवले बा ।
स्थानीय के आक्रमण से इलाका प्रहरी कार्यालय भण्डारा के बा १ झ ७४६५ आ रत्ननगर नगरपालिका के बा १२ च २७१ नम्बर के गाडी मे भी नोक्सानी पुगल जिल्ला प्रहरी कार्यालय चितवन के प्रवक्ता एकनारायण कोइराला जानकारी देहनी ।
ओकरा बाद पुलीस एक राउन्ड हवाई फायर कईल उ बतवनी ।
आक्रमण मे संलग्न भईल कहत पुलीस चार जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे २४ बरीस के रञ्जित वाइवा, २० बरीस के सुमन वाइवा, २२ बरीस के सञ्चराम घलान आ ३५ बरीस के धनबहादुर घलान रहल बाडन ।






