दशगजा क्षेत्र मे अवैध बाँध बनावत बा भारत

रौतहट २७ वैशाख
लकडाउन के मौका मे भारत दशगजा क्षेत्र मे बाँध विस्तार कईल मिलल बा ।
रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका से जुडल नेपाल भारत दशगजा क्षेत्र मे भारतीय पक्ष पाँच फिट से बेसी माटी भरके बाँध के उचाइ बढा रहल बा ।
जंगे पिलर संख्या ३४७ के पूर्व, मझौला पिलर ३४६÷५ होत बन्जरहा तक भारत एक दशक अगाडि बाँध बनवले रहे । अभी ओकरा के उँच बनावत बा ।
दशगजा क्षेत्र मे पक्की भा अस्थायी कउनो किसिम के संरचना बनावे ना मिली ।
माकिर, भारत अवैध रुप मे बाँध बनईला के चलते नेपाली भूभाग डुबान मे पडत आईल बा ।
ओईसन संरचना भसकावे के भारत सिमेन्ट के बोरासब मे माटी तथा पथल भरके तथा बाँध के चौडाइ सँगे उचाइ बढावे के काम कर रहल बा ।
भारत बाँध बना रहल विषय मे स्थानीय प्रशासन के जानकारी करईला पर भी सरकारी स्तर से कउनो पहल ना भईला से ईशनाथ नगरपालिका–१ के वार्ड अध्यक्ष बिगु साह बनियाँ बतवनी ।
दु किलोमिटर से लम्हर, १५ फिट से उँच आ फेद मे १० मिटर से चौडा बाँध बनईला पर भारत पानी निकास के खातिर एगो भी दुवारी रखले नइखे’ कहत साह, ‘स्थानीय बेर बेर जानकारी करईला पर सरकारी स्तर से रोकेके पहल भईल नईखे ।’
ईशनाथ के स्थानीयवासी मे वर्षात के समय मे डुवान बढेके क्रम सँगे आक्रोश बढल बा ।
‘दु देश के सिमाना मे अईसे बाँध बनाके भारतीय पक्ष अत्याचार कईले बा ।
पिल्लर सँगे जुड के बहुते उँच बाँध बनवले बाडन’ ईशनाथ नगरपालिका–१ के स्थानीय सुरेश साह कहनी कि, ‘बाँध के चलते हमनी हरेक बरीस पीडित हो रहल बानी ।’
भारतीय पक्ष अटेरी कईले बा ः प्रजिअ घिमिरे
प्रमुख जिल्ला अधिकारी वासुदेव घिमिरे सीमा क्षेत्र मे भारतीय पक्ष बाँध मर्मत के नाम मे काम करे लागल सूचना आईल बतवनी ।
‘भारतीय पक्ष से कईल काम गैरकानुनी ह ।
हमनी तुरुन्त रोकेके कहले बानी’ प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमि कहनी कि, ‘डिएम सँगे बात भईला पर भी भारतीय पक्ष अटेरी करके माटी जम्मा कईले बाडन ।’
स्थानीय स्तर मे काम करे आईल प्राविधिकलोग के भी काम ना करेके कहल उ बतवनी ।
जंगे पिल्लर ३४७ आसपास के क्षेत्र मे कउनो किसिम के काम ना करेके लिखित सहमति विपरीत भारतीय पक्ष बाँध बनावल विषय मे गृह मन्त्रालय के जानकारी पठावल उ बतवनी ।






