पत्रकार यादव उपर पिटपाट कईल बिरोध मे पत्रकार महासंघद्धारा अन्दोलन के घोषणा, अनेकन संघ संस्थाद्धारा दोषी उपर कारवाही के माग

वीरगञ्ज २८ बैशाख
सामुदायिक रेडियो नारायणी एफएम वीरगज एवं नयाँ पत्रिका के पर्सा संवाददाता तिवारी यादव के पर्सा पुलीस दिन के पकड के सँझिया छोडले बा ।
वीरगंज के लिंकरोडस्थित एफएम स्टेशन के प्रवेशद्वार से आजु दिन के २ बजे पत्रकार यादव के पुलीस पकडले रहे ।
पत्रकार यादव ५ घण्टा के बाद छुटल बाडन । एफएम स्टेशन के प्रवेशद्वार बगल मे पत्रकार यादव से मोटरसाइकल पार्किङ करले रखले रहलन ।
वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक निर्मल पनेरु सहित आईल पुलीस सडक किनारा मे मोटरसाइकल राखल टेंट मे पत्रकार यादव उपर गुण्डागर्दी शैली मे पिटपाट सहित घिसिया के पुलीस भ्यान मे राखके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे लेगईल पत्रकार यादव बतवनी ।
पुलीस भ्यान मे राखला के बाद पुलीस यादव के मोबाइल भी छिन के रखले रहलन ।
पर्सा पुलीस के ज्यादति के बिरुद्ध मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा आन्दोलन के घोषणा कईले बा ।
महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बञ्जारा पर्सेली संचारकर्मीलोग आजु से जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के सभी समाचार बहिष्कार करेके आ बिहान सबेरे ८ बजे घण्टाघर मे धर्ना देवेके जानकारी करवनी ।
अध्यक्ष बञ्जारा पत्रकार उपर भईल दुरव्यहार के घोर बिरोध करत दोषी पुलीस उपर कारवाही ना होखे तक आन्दोलन करेके बतवनी ।
पत्रकार यादव के मोबाईल अभी भी पुलीस हि रखले बा ।
पत्रकार तिवारी उपर भईल घटना के पत्रकार सम्बद्ध अनेकन संघ संस्थासब विज्ञप्ति जारी करत घोर भत्र्सना सहित दोषी पुलीस उपर कारवाहि के माग भी कईले बाडन ।
घटना उपर नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के महासचिव किरण कर्ण विज्ञप्ति जारी करत पत्रकार उपर दुव्र्यवहार सहित लछारपछार कईल प्रेस स्वतन्त्रता उपर ज्यादती भईल बा आ प्रचलित कानुन के भी उपहास भईल आ पुलीस ज्यादती के कडारुप मे घोर भत्र्सना कईले बानी ।
महामारी कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण मे अह्म भुमिका खेल रहल चिकित्सक, औषधी व्यवसायी आ बैंकर्स के भी पुलीस से दुव्र्यवहार कईल बहुते दुःखद आ खेदजनक रहल हमनी के ठहर बा कहके विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
पूर्ण प्रेस स्वतन्त्र, निष्पक्ष तथा भयरहित पत्रकारिता करेवाला वातावरण बनावे के खातिर भी सम्बन्धित निकाय से जोडदार माग कईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
एने प्रेस संगठन पर्सा के अध्यक्ष निरज पिठाकोठे मगर विज्ञप्ती जारी करत लकडाउन के समय मे जरुरी काम के खातिर निकलल सर्वसाधारण से लेके स्वास्थ्यक्षेत्र आ सञ्चारक्षेत्र मे खटल सञ्चारकर्मी उपर भी पुलीस से कईल दुर्व्यहार एक के बाद दोसर घटना हो रहल बा ।
उ घटना उपर घोर भत्र्सना करत दोषी उपर कडा कारवाही के माग कईले बानी ।
साथे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा से घोषणा कईल आन्दोलन उपर संगठन ऐक्यबद्धता जनावल अध्यक्ष मगर बतवनी ।
एहितरे नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष बिजय चौहान, ब्रोड कास्टिंग एशोसीएसनअफ नेपाल प्रदेश न २ के संयोजक आर.सी. यादव, प्रेस संगठन नेपाल बारा के अध्यक्ष दिवाकर भण्डारी, नेपाल आदिवासी जनजाति पत्रकार महासघ (फोनिज) पर्साका कार्यवाहक अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल, प्रेस मञ्च नेपाल, पर्सा के अध्यक्ष बिजय ठाकुर लगायत के संघ संस्था विज्ञप्ति जारी करत दोषी उपर कडा से कडा कारवाही के माग कईले बानी ।






