पुलीस प्रशासन के दादागिरी विरुद्ध पर्सेली सञ्चारकर्मीद्धारा धर्ना

वीरगंज २९ बैशाख
वीरगंज स्थित नारायणी एफ.एम तथा नयाँ पत्रिका दैनिक के पर्सा सम्वाददाता तिवारी यादव के विना कारण पुलीस से पिटपाट कईला के साथे दुव्र्यवहार कईल आरोप मे पर्सेली पत्रकारलोग धर्ना प्रदर्शन कईले बाडन ।
एफएम स्टेशन के मुल गेट से सडक के किनार मे मोटरसाइकल पार्किङ करके राखल टेंट मे दु भ्यान आईल पुलीसलोग घियियावत लेगईला के साथ पिटपाट भी कईले रहलन ।
एतवार के दिन के २ बजे पत्रकार यादव के वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक निर्मल पनेरु सहित के पुलीस टोली अभद्र व्यवहार करत पकड के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे करिब ५ घण्टा तक उनका के पुलीस भ्यान मे रखले रहलन ।
बाद मे पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग बिरोध जनईला के बाद नेपाल प्रहरी प्रदेश नं. २ के प्रमुख डिआईजी धिरज प्रताप सिंह के रोहबर मे उनका के सँझिया छोडल गईल रहे । पर्सा पुलीस अभी तक पत्रकार यादव के मोबाइल फुन नइखे देहले ।
उ घटना के विरुद्ध मे पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के अगुवाई मे पर्सेली पत्रकारलोग वीरगंज के घण्टाघर मे आजु सबेरे ८ बजे से ९ बजे तक एक घण्टा धर्ना देहले बाडन ।
लकडाउन के पालन करावे के नाम पर पर्सा मे पुलीस के दादागिरी बढ रहल बा उ सह्य ना होखी पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दीपेन्द्र चौहान बतवनी ।
कानून पालन करावेवाला पुलीसद्वारा हि वर्दी के आड मे धाधली देखावे के काम भईला से घटना मे संलग्न प्रहरी उपर अविलम्ब कार्यवाही के मांग भी अध्यक्ष चौहान कईले बानी ।
पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बंजारा दोषी पुलीस उपर कार्यवाही ना होखे तक पत्रकारलोग के आन्दोलन ना रुकेके बतवनी ।
कोरोना भाईरस महामारी से लडे खातिर अग्रपन्ती मे खट रहल डाक्टर, बैकंकर्मी, औषधि व्यवसायी आ पत्रकार के लकडाउन के पालना करावे के नाम मे बारम्बार प्रहरी निरिक्षक पनेरु के नेतृत्व मे रहल पुलीस टोली से दुव्र्यवहार के शिकार होरहला से पुलीस के गलत रवैया विरुद्ध पत्रकार महासंघ आन्दोलन के घोषणा कईल अध्यक्ष बञ्जारा बतवनी ।
उ धर्ना कार्जक्रम मे प्रेस संगठन नेपाल, नेपाल प्रेस युनियन, समाजवादी प्रेस युनियन, आदिवासी जनजाति पत्रकार संघ लगायत अनेकन संघ संगठन समर्थन जनवले रहलन ।
नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, प्रेस संगठन प्रदेश नं. २ के ईन्चार्ज लालबाबु शेख, पर्सा संयोजक निरज पिठाकोटे, प्रेस युनियन पर्सा के अध्यक्ष रामनारायाण कुर्मी, संघिय प्रेस फोरम के अध्यक्ष आरके पटेल, पत्रकार धु्रव साह लगायत उल्लेखनिय पत्रकारलोग के सहभागीता रहल रहे ।






