पर्सा के दु जने पत्रकार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ३० बैशाख
पर्सा जिल्ला के दु जने पत्रकार मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
मंगर के दिने कोरोना पोजिटिभ देखल गईल ३९ जने मेसे दु जने पत्रकार रहल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत जानकारी देहनी ।
३९ मेसे आउर केतना जने पत्रकार बाडन कहके खोजी हो रहल बतवले बानी ।
नारायणी अस्पताल के मेसु डा. मदन उपाध्याय केतना पत्रकार बाडन कहके विषय अनुसन्धान हो रहल जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक मंगर के दिने कोरोना पोजिटिभ देखल गईल मेसे १४ जने ग्रामीण क्षेत्र के बाडन आ १४ जने वीरगंज नगर के बाडन ।
पर्सा मे एकरा से पहिले २५ जने मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईल रहे ।
मंगर के दिने ३९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला सँगे एगो जिल्ला मे सब से बेसी ६४ जने संक्रमित रहल बाडन । देशभर मे संक्रमित के संख्या १९१ पुगल बा ।






