आउर ६ जने मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित के संख्या २४९

काठमाण्डु १ जेठ

बियफे के सँझिया आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद बियफे के दिने एके दिन ६ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु मे २, कपिलवस्तु, नवलपरासी पूर्व, धनुषा आ धादिङ के १÷१ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे काठमाण्डु दहचोक निवासी ७ बरीस के लईका, चन्द्रागिरि नगरपालिका के ३२ बरीस के पुरुष, धनुषा निवासी १७ बरीस के जनानी, कपिलवस्तु के ६ बरीस के लइकी, धादिङ के ३० बरीस के जनानी आ नवलपरासी के ४९ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय के सहप्रवक्ता डा. समीरकुमार अधिकारी जानकारी देहले बाडन ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या २४९ पुगल बा ।

कपिलवस्तु घर भईल ६ बरीस के लइकी काठमाण्डु के त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे ईलाज करा रहल बाडि ।

एहितरे कोरोना भाइरस संक्रमण परीक्षण के खातिर नेपाल मे पीसीआर विधि से अभी तक साढे २२ हजार गो नमुना परीक्षण कईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक पिछिलका २४ घण्टा मे १ हजार ३ सय ६३ सहित अभी तक २२ हजार ६ सय ६४ गो पीसीआर परीक्षण भईल बा ।

सरकार परीक्षण के दायरा बढावत लेगईल मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा बतवनी । ने

मे अभी तक १ सय ९८ पुरुष आ ४८ जनानी करके नेपाल मे २ सय ४६ जने मे संक्रमण देखल गईल बा । संक्रमित मेसे ३५ जने ईलाज के बाद ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।