जिल्ला भितर सवारी चलावेवाला पास भी खारेज करेके गृह के निर्णय

काठमाण्डु १ जेठ,

गृह मन्त्रालय जिल्ला भितर सवारी सञ्चालन करे देहल पास भी खारेज करेके निर्णय कईले बा ।

गृह मे बियफे के दिने बईठल बईठक से जिल्ला भितर लागू होखेवाला किसिम से प्रशासन से वितरण कइल पास भी खारेज करेके निर्णय कईले बा ।

गृह मन्त्रालय के उप–सचिव उमाकान्त अधिकारी कहनी कि, “शनिचर से लागू होखेवाला किसिम से ई निर्णय कईल गईल बा ।”

एकरा से पहिले गृह एक जिल्ला से दोसर जिल्ला चलेवाला किसिम से वितरण भईल सभी पास बियफे से खारेज कईले बा ।

सवारी पास लेके चलेवाला आदमी मे भी कोरोना के संक्रमण लउके लागला के बाद गृह आउर कठोर बनेके निर्णय कईल अधिकारीलोग बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।