पर्सा मे कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के खातिर संयुक्त कार्यदल गठन

वीरगंज ०२ जेठ

पर्सा मे कोभिड–१९ संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के खातिर संयुक्त कार्यदल गठन कईल बा ।

स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख वरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर प्रसाद चौरसिया के संयोजकत्व मे कार्यदल गठन कईल बा ।

कार्यदल मे नेपाली सेना, नेपाल पुलीस के प्रहरी निरीक्षक, वीरगंज महानगरपालिका के हेल्थ असिस्टेन्ट २÷२ जने, सभी पालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख सदस्य बाडन ।

शुक के दिने बईठल सरोकारवाला के बईठक से कार्यदल गठन कईल जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

जिल्ला मे संक्रमित के संख्या बढला के बाद कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे कठिनाई होत रहे । संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ करके मात्र थ्रोट स्वाब संकलन कईल बा ।

बईठक से हरेक पालिकाका स्वास्थ्य प्रमुख के भी कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ सम्बन्धी अभिमुखीकरण करेके निर्णय भी कईले बा ।

कोभिड–१९ के तथ्यांक सम्बन्धि काम के खातिर स्वास्थ्य कार्यालय के नवल किशोर साह आ वीरगंज महानगरपालिका के उमेशप्रसाद गोढ के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।