प्रेमीका के गर्भवती बना के भागल युवक पकडईलें
मेघराज राय
जीराभवानी ०५ जेठ
प्रेमिका के गर्भवती बना के घर लिया के भागल युवक के पुलीस पकडले बा । पकडाएवाला मे पटेर्वासुगौली–२ बेल्वा के विशाल चौधरी हउवन ।
चौधरी बेल्वा के एक युवती से प्रेम वियाह करके गर्भवती बना के भागल कहके जाहेरी पुलीस मे पडल रहे ।
उहे जाहेरी के आधार मे उनका के आजु पुलीस चौकी बिरुवागुठी पर्सागढी–४ बढनिहार से पकडल गईल जनावल गईल बा ।
पकडाईल चौधरी के जिप्रका महिला सेल मे बुझावल गईल पुलीस चौकी बिरुवागुठी जनवले बा ।





