चक्रवात अंपुन के प्रभाव : तीन दिन मेघ गर्जन सहित वर्षात के सम्भावना

काठमाण्डु ६ जेठ

चक्रवात अंपुन के प्रभाव से आवेवाला तीन दिन देश भर बदली होके मेघगर्जनसहित वर्षात के सम्भावना रहल जल तथा मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

दक्षिण बङ्गाल के खाडी के मध्यभाग मे अंपुन शक्तिशाली चक्रवात बहुते शक्तिशाली चक्रवात के रूप मे विकसित भइल बा ।

उ चक्रवात आउर शक्तिशाली होखेके क्रम मे आजु से पूर्वी नेपाल के मौसम बदली होखेके जनवले बा ।

मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के मुताविक बुध से अंपुन चक्रवात के प्रभाव से देशभर बदली होके कुछ जगहा मे वर्षात के साथे उच्च हिमाली क्षेत्र मे हल्का से मध्यम हिमपात आ एक–दु जगहा मे भारी हिमपात भी होखे सकेवाला भईला से सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईल बा ।

उ प्रणाली के प्रभाव से बुध के दिन से देशैभर बदली होके मेघगर्जनसहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसमविद् प्रतिभा मानन्धर बतवनी ।

“शुक तक देशभर उ प्रणाली के प्रभाव से वर्षात होखेके आ वर्षात प्रिमनसुन के जईसन होके निरन्तर होखी”, मौसमविद् मानन्धर कहनी ।

अभी देश के पूर्वी आ मध्य भूभाग मे आंशिक से सामान्य बदली रह के पश्चिमी भूभाग के कुछ जगहा मे आंशिक बदली रहल बा ।

दिनके देश के पूर्वी आ मध्य भूभाग मे आंशिक से सामान्य बदली रह के पश्चिमी भूभाग के कुछ जगहा मे आंशिक बदली रह के मध्य तथा पूर्वी भूभाग के एक–दु जगहा मे मेघगर्जन सहित हल्का वर्षात के सम्भावना रहल बा ।

बुध के दिने देश के मध्य तथा पूर्वी भूभाग मे सामान्य बदली रह के मध्य आ पूर्वी भूभाग के कुछ जगहा मे मेघगर्जन सहित हल्का वर्षात के सम्भावना रहल बतावल गईल बा ।

बियफे के दिने देश के मध्य तथा पूर्वी भूभाग मे पूर्ण बदली होके मध्य आ पूर्वी कुछ जगहा तथा पश्चिम के एक–दु जगहा मे मेघगर्जनसहित हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम १८ दशमलव शून्य डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २९ दशमलव पाँच डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

आजु सब से कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम ९ दशमलव दु डिग्री आ सब से बेसी धनगढी के अधिकतम तापक्रम ३८ दशमलव आठ डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।