लुटपाट मचावेवाला भूमिगत समूह के पूर्वनेता पकडईलेंं

जनकपुरधाम ६ जेठ

४ बरीस पहिले गोली मार के मोटरसाइकल लुटपाट कईल घट्ना मे फरार रहल एक आदमी धनुषा से पकडाईल बाडन ।

पकडाएवाला मे धनुषा के कमला नगरपालिका–७, के ‘चाणक्य’ कहेवाला विजय यादव बाडन ।

यादव ०७३ फागुन १ गते सिरहा के कल्याणपुर नगरपालिका–८, अरंग के लालु खान के गोली मार के घायल बनवले रहलन ।

खान घायल भईला के बाद उनकर ना.३८प १३३४ नम्बर के मोटरसाइकल सहित यादव फरार रहलन ।

घर मे लुकाईल विशेष सूचना के आधार मे प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम से खटल पुलीस निरीक्षक उमेशमान अमात्य नेतृत्व के टोली उनका के पकडले बा ।

यादव उ समय सशस्त्र भूमिगत समूह मधेशी राष्ट्रिय जनतान्त्रिक पार्टी (क्रान्तिकारी) के सदस्य रहल प्रहरी के कहनाम बा । यादव के पकड के आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।