वीरगंज से २१५ जने के भारत पठावल गईल, भारत से २२२ जने के नेपाल लियावे के तइयारी : सप्रजिअ बस्नेत

वीरगंज ०६ जेठ,
नेपाल मे लकडाउन सुरु भईल समय से घर जाए ना सकल २१५ जने भारतीयलोग के आजु भारत सरकार के जिम्मा लगा के पठावल गईल बा ।
वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के क्वारेन्टाइन मे चईत दुसरका हप्ता से राखल आ वीरगंज स्थित आफन्त के घर मे करिब दु महिना से रहत आईल २ सय १५ जने भारतीय के भारत सरकार के जिम्मा लगा के पठावल गईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
वीरगंज स्थित एकीकृत भन्सार जाँच चौकी आइसीपी नाका मे भारतीय अधिकारीलोग के जिम्मा लगाके पठावल गईल बा बतावत सहायक प्रजिअ बस्नेत उलोग के लेजाए खातिर भारत से आइसीपी मे ७ गो बस आईल रहे ।
उहे बस मे चढ के भारतीयलोग आपन घर गईल बाडन ।
आइसीपी मे वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के वाणिज्यदूत नितेश कुमार के रोहबर मे भारत बिहार के पूर्वी चम्पारण जिल्ला के डिएम सर्वत अशोक कपील के जिम्मा लगाके पठावल गईल पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दिपेन्द्र कुवँर बतवनी ।
उ अवसर मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की, प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त के भी सहभागीता रहल रहे ।
नेपाल मे चईत ११ गते से लकडाउन सुरु भईला के बाद अनेकन शहर मे रोजगारी आ आउर काम करेवाला उलाग घर फिर्ता जाएके समय मे वीरगंज नाका मे चईत ११ गते आईल रहलन ।
उलोग के पुलीस नियन्त्रण मे लेके ठाकुरराम क्याम्पस के क्वारेन्टाइन मे रखले रहे ।
एहितरे लकडाउन मे नेपाल भारत नाका बन्द रहला के चलते नेपाल के अनेकन जगहा से घर फिर्ता आवेके कहके वीरगंज आइल कैयन भारतीयलोग वीरगंज आ आसपास के जगहा मे रहल आफन्त के घर मे रहत आईल रहलन ।
क्वारेन्टाइन मे रहललोग के खाना आ नास्ता के निःशुल्क प्रबन्ध ग्रिन सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र कईले रहे ।
एहितरे वीरगंज से सिमाना जुडल रक्सौल क्षेत्र के क्वारेन्टाइन मे रहल २२२ जने नेपालीलोग के उद्धार करेके जनावल गईल बा ।
वीरगंज मे क्वारेन्टाइन बनावे के तइयारी अन्तिम चरण मे पुगला से उलोग के बुध के दिने नेपाल लियावे के पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
सहायक प्रजिअ बस्नेत कहनी कि, ‘पर्सा लगायत २५ जिल्ला के नेपालीलोग रक्सौल मे भारतीय पक्ष से बनावल क्वारेन्टाइन मे बईठ रहल बाडन ।
उलोग के राखे खातिर क्वारेन्टाइन के व्यवस्थापन कर रहल बानी ।
वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस लगायत आउर जगहा मे क्वारेन्टाइन के व्यवस्थापन कर रहल बानी ।’
ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के क्वारेन्टाइन मे रहल भारतीय नागरिक मंगर के दिने स्वदेश फिर्ता भईला से अभी उ क्वारेन्टाइन खाली बा ।
बस्नेत के मुताविक सीमा पार भारतीय क्षेत्र मे पर्सा बाहेक काठमाण्डु, कैलाली, सुर्खेत, झापा लगायत के जिल्ला के बाडन ।
काठमाण्डु बाहेक आउर जिल्ला के सम्बन्धित जिल्ला मे पठावे के तइयारी हो रहल उ बतवनी ।






