पर्सा मे होम क्वारेन्टाइन मे रहेवाला के संख्या बढल

वीरगंज ०७ जेठ
पर्सा जिल्ला मे क्वारेन्टाइन मे रहेवाला से बेसी होम क्वारेन्टाइन मे रहेवाला आदमी के संख्या बेसी रहल मिलल बा ।
कोरोना संक्रमण फईले ना देवे खातिर संक्रमण के जोखिम मे रहेवाला के १४ दिन तक क्वारेन्टाइन राख के निगरानी कईल जाला ।
माकिर कोरोना संक्रमण के हटस्पट बनल पर्सा मे ३१ जने जनानी सहित ४०० जने मात्र क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन ।
६६७ जने होम क्वारेन्टाइन मे रहल सरकारी अधिकारीलोग बतावेलन ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत के मुताविक क्वारेन्टाइन मे रहेवाला मे भारत से आईल आ कन्ट्याक ट्रेसिङ के आधार मे कोभिड १९ शंकास्पद मानल गईल आदमीसब बाडन ।
२५ गो स्थानीय तह मे एक हजार बेड क्षमता के क्वारेन्टाइन रहला पर भी होम क्वारेन्टाइन मे रहेवाला आदमी के संख्या बेसी बा ।
माकिर स्थानीय तह से निर्माण कईल क्वारेन्टाइन के व्यवस्थापन उचित ना भईला के चलते आदमीसब होम क्वारेन्टाइन मे रहेमे मन परवले बाडन ।
माकिर होम क्वारेन्टाइन मे रहेवालालोग सजगता ना अपनईला पर परिवार आ समुदाय मे भी एकरा से नकरात्मक असर पारे सकेके सरोकारवालालोग बतावत आईल बाडन ।
एहितरे वीरगंज मे १६ जने जनानी सहित ९६ जने संक्रमित आइसोलेसन मे बाडन ।
नारायणी अस्पताल मे ७२ जने आ सिद्धार्थ मावि के आइसोलेसन मे २४ जने ईलाज करा रहल बाडन ।
पर्सा मे अभी तक २ हजार ३१८ जने के पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब संकलन भइल उ बतवनी ।
जउना मेसे एक हजार ९४२ जने के रिपोर्ट आइल बा आ ३७६ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।
आरडीटीमार्फत अभी तक २ हजार ४५० जने के परीक्षण कईल बा ।
पर्सा मे कोरोना पुष्टि भईल मेसे तीन जने भारतीय नागरिक बाडन आ ८८ जने नेपाली नागरिक बाडन ।
संगेमेसे रौतहट के एक जने आ तीन जने भारतीय नागरिक के वैशाख १४ गते डिस्चार्ज कईल रहे ।
माकिर उलोग मेसे एक जने भारतीय आ एक जने नेपाली के फेनु अस्पताल भर्ना कईल बा ।
एहितरे सहायक प्रजिअ बस्नेत के मुताविक नारायणी अस्पताल मे ७० बेड आ नारायणी अस्पताल के सुपरीवेक्षण मे रहेवाला किसिम से सिद्धार्थ मावि मे २६ बेड के आइसोलेसन बेड विकास कईल बा ।
संक्रमित के संख्या बढत गईला से नारायणी अस्पताल तथा वीरगंज महानगरपालिका के समन्वय मे गण्डक अस्पताल तथा आउर अस्पताल मे आइसोलेसन वार्ड स्थापना करेके काम भी भईल उ बतवनी ।






