आउर २५ जने मे कोरोना संक्रमण संक्रमित के संख्या ४२७ पुगल

काठमाण्डु ७ जेठ

पिछिलका २४ घण्टा मे नेपाल मे २५ जने कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमित थपाईल बाडन ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. देवकोटा के मुताविक बाँके मे आउर ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नरैनापुर गाँवपालिका मे ५ के १७, २०, २८, ३० आ ४० बरीस के पुरुष तथा खजुरा गाँवपालिका–५ के २७ बरीस के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे कपिलवस्तु मे आउर १३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उलोग मेसे २२, ३५ आ ४८ बरीस के पुरुष विजयनगर के क्वारेन्टाइन मे बाडन ।

१० जने महाराजगंज गाँवपालिकाका बाडन ।

उलोग मेसे तीन जने ३, ४ आ ६ बरीस के लइकी बाडि ।

एहितरे १६, २५ आ ३२ बरीस के जनानी आ १२, २०, २४ आ ३४ बरीस के पुरुष मे संक्रमण देखल गईल बा ।
नवलपरासी पश्चिम मे एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उ सुस्ता गाँवपालिका–५ के बेलवानी क्वारेन्टाइन मे बाडन ।

एहितरे धनकुटा मे ५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग २८, २९, ३५ आ ३७ बरीस के पुरुष आ २४ बरीस के जनानी रहल बाडि ।

ई सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ४ सय २७ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।