पर्सा मे फेनु सुरु भईल स्वाब संकलन

वीरगंज ०७ जेठ,
पर्सा जिल्ला मे कोरोना परीक्षण करेवाला पीसीआर किट आ भीटीएम (स्वाब राखेवाला डिबा) कमी भईला के चलते दु दिन से रुकल स्वाब संकलन काम आजु से सुरु भईल बा ।
छिपरमाई गाँवपालिका, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ इनर्वा आ नारायणी अस्पताल मे स्वाब संकलन काम हो रहल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख वरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वरप्रसाद चौरसिया बतवनी ।
कन्ट्याक ट्रेसिङ कार्यदल के संयोजक भी रहल चौरसिया के मुताविक किट आ भीटीएम ना भईला पर कन्ट्याक ट्रेसिङ कईल २५० जने के स्वाब संकलन होखे ना सकल रहे ।
कन्ट्याक ट्रेसिङ कईल मेसे २३२ जने के स्वाब संकल भइल उ बतवनी ।
चौरसिया के मुताविक वीरगंज महानगरपालिका लगायत ग्रामीण भेग छिपहरमाई गाँवपालिका मे कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के काम पुरा भईल बा ।
एक हजार थान किट उपलब्ध भईला सँगे चार टोली स्वाब संकलन काम के फेनु सुरु कईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ७१ जने आ सिद्धार्थ मावि के आइसोलेसन मे २५ जने करके ९६ जने कोरोना संक्रमित पर्सा मे ईलाज करा रहल बाडन ।






